नयी दिल्ली 17 अप्रेल. देश में एह घरी विपक्ष जइसन माहौल बनावे में लागल बा ओह माहौल में आरक्षण आ एससी एसटी एक्ट के अउरी बरियार कइल छोड़ि के दोसर कवनो राह नइखे लउकत. लमहर छलांग लगावे खातिर निहुरल बेजाँय ना मानल जाई. हालांकि मौदी भक्त मिडिल क्लास में आ आरक्षण विरोधी सवर्णन में मौजूद मादी भक्त एह से इत्तेफाक ना रखीहें. बाकिर युद्ध जीते खातिर अगर एकाध गो छोटमोट लड़ाई हारे के पड़े त ओह रणनीति के गलत ना कहाई.
भाजपा आ ओकरा साथे राजग में शामिल लोक जनशक्ति पार्टी के नता लोग के बयान इहे बतावत बा. अब खुलमखुला कहत बा लोग कि केहू के बाप में दम नइखे जे आरक्षण हटा सके. ओने कश्मीर में महबूबा के कहना बा कि केहु में बेंवत नइखे जे धारा 370 हटवा सके. अदालतो एह पर आपन हामी दे चुकल बा कि धारा 370 एक तरह से स्थायी प्रावधान बनि गइल बा आ एकरा के हटावल ना जा सके.
कुछ दिन पहिले कहल गइल रहुवे कि अगर अदालत एससी एसटी एक्ट पर आपन निर्देश ना बदललसि त केन्द्र सरकार अध्यादेश ले आके ओकरा के यथावत करा दी. इहे बाति आजु खाद्य अउर आपूर्ति मंत्री राम विलास पासवान कहले बाड़न कि अगर जरुरत पड़ल त प्रोमोशन में आरक्षण फेरु से ले आवे ला अध्यादेश जारी करे के राय जतवले बावे एह बाचि ला बनावल गइल मंत्री समूह.
जरुरत बा कि भक्त लोग एह मजबूरी के समुझे आ विपक्ष का बहकावा में आवे के गलती मत करे. हिन्दुत्व बाचल रही त देर सबेर सामाजिक समरसतो बहाल करावल संभव हो जाई. आ जे कहीं हिन्दुत्व के समर्थक अगिला लोकसभा चुनाव हार गइलें त फेरु उहे दिन लवटि आवे के पूरा अनेसा बा जब हिन्दुवन के साथ देबे वाला केहु ना लउकत रहल संघ आ भाजपा छोड़ि के. आ अबकी बेर ओहू ले खराब दिन आ जाई हिन्दुवन के. जब मन में भरम पैदा होखे त ममता के कर्म याद कर लेव लोग.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: