डीडीसीए मामिला में भाजपा गोल से फरका लाइन लेबे वाला अपना सांसद कीर्ति आजाद के आजु निलंबित करत पूछलसि कि तोहरा के काहे ना निकाल दीहल जाव.
जान जाईं कि कुछ लोग अापन निजी मतलब ना सधला का चलते अइले दिन भाजपा का खिलाफ बयान बाजी करत रहेलें. एहमें सबले खास क के सोझा आइल बाड़ें शत्रुघ्न सिन्हा जिनका मलाल बा कि भाजपा उनुका के बिहार के मुख्यमंत्री लायक काहे नइखे मानत.
अब नया पर उभरल बाड़न कीर्ति आजाद जे वित्तमंत्री अरुण जेटली का खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न आ अपना के भठियरपन का खिलाफ लड़े वाला लड़ाका साबित करावे पर लागल बाड़न. भाजपा का तरफ से कीर्ति के साफ समुझा दीहल गइल रहुवे कि गोल का खिलाफ लाईन मत लेस बाकिर कीर्ति के जेटली से अतना खुन्नस बा कि ऊ उनुका के नुकसान चहुँपावे के कोशिश में लागल बाड़न.
पिछला दिने जेटली इशारो कइले रहलन कि एगो सांसद सोनिया गाँधी से मिलल रहलें जेटली के निपटा देबे का बारे में बात करे खातिर.