
राष्ट्रपति भवन में काल्हु भइल एगो सादा समारोह में न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के भारत के प्रधान न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल. ऊ देश के 48वां प्रधान न्यायाधीश होइहें. 16 महीना ले अपना पद पर रहला का बाद न्यायमूर्ति रमणा अगिला साल 26 अगस्त के सेवानिवृत हो जइहें. एह किरिया धराई समारोह में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के किरिया धरवलें आ एह मौका पर उपराष्ट्रपति एम. वेंकैया नायडू, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला, कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद, उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीश आ कईएक वरिष्ठ अधिकारी उपस्थित रहलें.
दुनिया में कोरोना के कहर बेलगाम जारी बा. अबले सबसे बेसी कोरोनाह अमेरिका में मिलल बाड़ें. ओहिजा करीब 3 करोड़ 20 लोग के कोरोना हो चुकल बा आ एहसे करीब पौने छह लोग के जान जा चुकल बा. भारत में काल्हु ले 1 करोड़ 66 लाख से अधिका लोग को कोरोना हो चुकल बा. एहमें से 1 करोड़ 38 लाख लोग ठीको हो चुकल बा. दुखद बा कि काल्हु ले 1 लाख 89 हजार 544 लोग कोरोना का चलते काल कवलित हो चुकल बा. सबले तेज रफ्तार से चलत टीकाकरण कार्यक्रम में देश के 14 करोड़ लोग के कोरोना के टीका लगावल जा चुकल बा.
पहिला मई से शुरु होखे जा रहल टीका करण के तिसरका दौर में अब 18 बरीस से अघिका उमिर के हर आदमी टीका लगवा सकेला. एह चरण से पहिले केन्द्र सरकार राज्य आ केन्द्र शासित प्रदेशन से कहले बिया कि जतना अधिका संभव होखे ओतना नया टीकाकरण केन्द्र खोल लीहल जाव. एह केन्द्रन पर भीड़ पर काबू करे ला पर्याप्त व्यवस्था होख के चाहीं. जाने जोग बा कि देश के विरोधी गोल-गिरोह एह मौका पर अराजकता पसारे के भरपूर कोशिश करीहें. आ कुछ मीडिया चैनलो लोग के हिम्मत तूड़े में लागल बाड़ें. हालात जतना खराब नइखे ओहसे अधिका खराब बतावे-बनावे के कोशिश चालू बा. जाने जोग इहो बा कि कांग्रेस हाल ही में सोशल मीडिया पर लाखन लोग के लगवले बिया. एह लोगन के केन्द्र सरकार के काम का खिलाफ माहौल बनावे के कहल गइल बा.
पश्चिम बंगाल में विधानसभा चुनाव के सतवाँ डेग सोमार के उठे वाला बा आ चुनाव आयोग मतदान करावे के सगरी तइयारी करा रहल बा.
आज़मगढ़ जिले के जहानागंज इलाका में सुहवल गाँव का लगे भइल वाहनन के टक्कर में चार लोग के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें. गाजीपुर के मरदह इलाका से तिलक ले के ई लोग मऊ के रानीपुर इलाका के गाँव में गइल रहुवे. ओहिजे से लवटत में ई सड़क हादसा हो गइल. एह लोग के बोलेरो सड़क पर खड़ा ट्रक से टकराइल आ पीछे से आवत दू गो अउरी वाहन एह टक्कर का चपेटा में आ गइलें.
सोनभद्र जिला के पिपरी इलाका में शनीचर रात भइल सड़क हादसा में तीन जने के मौत हो गइल आ करीब दी दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.
पश्चिम चंपारण जिला के बगहा नगर थाना इलाका के बनकटवा मुहल्ला में जमीनी झगड़ा में घवाहिल भइला का बाद 75 बरीस के एगो बूढ़ औरत के मौत हो गइल.
शनीचर का दिने वाराणसी के कछवां-कपसेठी रोड पर मिल्कीपुर गांव का लगे भइल एगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत पिकअप वाहन से टकरइला का चलते हो गइल.
आईपीएल के काल्हु भइल क्रिकेट मैच में राजस्थान रॉयल्स टीम छह विकेट से कोलकाता नाईट राइडर्स के हरा दिहलसि.