(पिछला समाचार कड़ी से आगे)

  • विधानसभा चुनाव के तइयारी का सिलसिला में मुख्य चुनाव आयुक्त वसीम जैदी आ चुनाव आयुक्त अचल कुमार ज्योति अगिला महीना बिहार के दौरा करे वाला बाड़े. एहिजा ई लोग राज्य के बड़का अधिकारियन से मिलिहें आ साथही राजनीतिक गोलो के प्रतिनिधियन से बतिया के तइयारी का बारे में फैसला लीहें. चुनाव के हाईटेक करावे के इंतजाम शुरु हो गइल बा.
  • पहले पहले आप पहले आप में ही चाय ठंडी हो गई/प्लेटफार्म पर खड़े थे हरी झंडी हो गई. वाला अंदाज में बिहार के दुनू बड़का गठबन्हन चाहत बा कि पहिले सामने वाला आपन सीट बाँट देव तब हम बाँटी. खास क के राजद, जदयू आ कांग्रेस वाला गठबन्हन त खुले आम कहत बा‎ कि पहिले राजग के टिकट के फैसला हो जाव तब महागठबन्हन के टिकट के फैसला कइल जाई.
  • देवघर में लागे वाला श्रावणी मेला के शुरुआत 31 जुलाई से हो जाई. एकर विधिवत उद्घाटन सुल्तानगंज में उत्तरवाहिनी गंगा के तट पर मेला का बीचेे होखी. एह साल मंदिर बोर्ड के फैसला भइल बा कि जल्दी से दर्शन करे के चाह राखे वाला लोग से एक हजार रुपिया शुल्क लीहल जाई.
  • रोहतास जिला के राजपुर राजपुर गांव से दू गो कट्टर नक्सलियन के हथियार समेत गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस.
  • साल 2020 ले भारत ‘हिन्दू राष्ट्र’ हो जाई आ साल 2030 ले दुनिया. ई कहना बा विश्व हिन्दू परिषद के संरक्षक अशोक सिंघल के. काल्हु संघ के पदाधिकारियन का साथे बइठक में सिंहल कहलन कि जब ऊ साईं बाबा के आश्रम में रहलन तब साईं बाबा बतवले रहलें कि बरीस 2020 ले भारत हिन्दु राष्ट्र हो जाई आ 2030 ले पूरा दुनिया हिन्दू हो जाई. मोदी के सरकार में आवते एह क्रान्ति के शुरुआत हो गइल बा. एह बइठक में विदेश मंत्री सुषमा स्वराजो मौजूद रहली.
  • दिल्ली सरकार अउर कुछ करे चाहे भा ना, हर बात बेबात पर झंझट बेसाहे से बाज ना आवे. अब मुख्यमंत्री कार्यालय से दिल्ली के पुलिस कमिश्नर बीएस बस्सी के ‘समन’ भेजल गइल बा आ सोमार का दिने पेश होखे के कहल गइल बा.
  • व्यापम घोटाला के जाँच करत सीबीआई अपना जाँच के दायरा अउरी व्यापक करत दू गो अउर एफआईआर दर्ज कइले बिया. साल 2011 में भइल अनुबंधित शिक्षक पात्रता परीक्षा में बहुते गड़बड़ी कइल गइल रहुवे. एह मामिला में 76 जने के आरोपी बनावल गइल बा.
  • सोना के भाव मे लगातार चउथको हप्ता आइल गिरावट से सोना के दाम पिछला चार महीना में सबले कम हो गइल बा आ आगहु गिरे के उमेद बतावल जात बा.
  • दुनिया के मशहूर आ महान फुटबाल खिलाड़ियन में शामिल ब्राजील के पेले के रीढ़ में तकलीफ का चलते अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ शनिचर का दिने उनुका रीढ़ के आपरेशन कइल गइल. उनकर हालत ठीकठाक बा आ कवनो चिन्ता के बात नइखे.
  • मिस्र के सेना काल्हु उत्‍तरी सिनाई छापेमारी क के नाहियो त पाँच दर्जन उग्रेवादियन के मार गिरवलसि. गाबल अलीका में एकनी के ठिकाना पर हमल क के 20 गो उग्रवादियन के मारल गइल आ ओकनी के गाड़ियन के धमाका से उड़ा दीहलसि सेना,
  • सीरिया लेबनान का सीमा का नियरा ज़बादानी शहर में सेना आ हिजबुल्ला लड़ाकन के हमला में चालीस गो विद्रोहियन के मार दीहल गइल जव चोरा लुका के शहर में घुसे का फिराक में रहले.
  • दक्खिन अफ्रीका में भइल एगो ट्रेन हादसा में 300 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा. जोहानेसबर्ग का लगे एगो लोकल ट्रेन दोसरा ट्रेन से टकरा गइल. गनीमत बा कि एह हादसा में केहू के मौत नइखे भइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: