भाजपा के एगो बड़ नेता आ सांसद रहल रामनाथ कोविंद के बिहार के राज्यपाल आ शिक्षाविद आचार्य देवव्रत के हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल बनावल गइल बा. पेशा से वकील रहल 69 साल के रामनाथ कोविंद उत्तर प्रदेश के कानपुर से हउवें आ भाजपा के अनुसूचित जाति मोरचा के प्रमुखो रहल बाड़े. बिहार के नयका राज्यपाल के नियु्क्ति का खिलाफ नीतीश आ लालू मिल के विरोध करे के फैसला कइले बाड़े. नीतीश के कहना बा कि उनुका एह बात के जानकारी सीधे मीडिया से मिलल आ उनुका से एह बारे में कवनो सलाह मशविरा ना कइल गइल जबकि अइसन परंपरा बा.
- गैरकानूनी तरीका से शराब बेचे वाला दबंग आरा के महादलित बस्ती में शनिचर का दिने जम के उत्पात कइले सँ आ ओहनी के मारपीट आ गोलीबारी से पाँच जने घवाहिल हो गइलें. बतावल जात बा कि सहार थाना के पेरहाप गाँव में शराब बिक्री ले के एगो महादलित परिवार आ भट्टी संचालक का बीच विवाद का चलते ई बवाल भइल बा.
- जवन काम दस बरीस में ना हो सकल तवना के महजन चौदह महीना में कर देखवलसि केन्द्र में भाजपा सरकार आ शनिचरा का दिने दीघा-सोनपुर रेल सह सड़क पुल पर ट्रेन के इंजन चला के एकर ट्रायल कर देखवलसि. एह इंजन के हरी झंडी बान्द्रा से रेल मंत्री सुरेश प्रभु आनलाइन देखवलन आ एहिजा मौका पर मौजूद रहलें रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा, स्वच्छता व पेयजल मंत्री रामकृपाल यादव अउर कौशल विकास राज्यमंत्री राजीव प्रताप रुढ़ी.
- बिहार के सगरी घर में बिजली चहुँपावे के राह साफ करत केन्द्र सरकार बिहार के सातो दिन चौबीसो घंटा बिजली मिले वाला राज्यन में शामिल क लिहलसि. 17 अगस्त के पटना में एकर एलान केंद्रीय ऊर्जा मंत्री पीयूष गोयल करीहें आ ओही दिने ऊ आ बिहार के बिजली मंत्री विजेंद्र प्रसाद यादव एह बाबत समझौता पत्र पर दस्तखतो करीहें. एहसे पहिले एह सूची में दिल्ली, आंध्र प्रदेश अउर राजस्थान के राखल गइल बा. आ जल्दिए झारखंड, उत्तर प्रदेश, उत्तराखंड, तेलंगाना आ पूर्वोत्तर राज्यनो ला योजना बना लीहल जाई.
- सारण जिला के तरैया-अमनौर मेन रोड पर बेलहरी गांव का नियरा शनिचर का दिने एगो कार से कचरा के छह बरीस के एगो स्कूली बच्चा के मौत हो गइल. कार वाला हादसा का बाद कार ले के भाग गइल आ नाराज लोग घंटन सड़क जाम क के विरोध जतवलें.
- छपरा नगर परिषद के नगर निगम बनावे के कसरत फेरू शुरू भइल बा. तीन बरीस पहिले तब के नगर विकास मंत्री छपरा शहर में एगो सभा में एकर एलान कइले रहलें बाकिर बाद में जनसंख्या के आधार पर एकरा पर रोक लाग गइल.
- सिवान जिला के गुठनी इलाका के जतौर चट्टी पर के सरकारी शराब का दुकान पर शुक के देर रात तीन गो अपराधी गोली चला के पचास हजार रुपिया लूट ले गइलें. तीनो बदमाश दू गो बाइक से आइल रहलें आ हथियारन से लैस रहलें. सेल्स मैन पर फायरिग क के ओकरा लगे राखल नकदी लूट ले गइले स. हालांकि थाना प्रभारी के कहना बा कि उनुका लगे एह बारे में कवनो शिकायत नइखे आइल.
- गोपालगंज में एगो छात्र नेता सचिन सिंह पर बवाल करे के मुकदमा दर्ज भइला का खिलाफ शनिचर का दिने विद्यार्थी सब विरोध मार्च निकालले आ थाना गेट अउर कलेक्ट्रेट गेट पर प्रदर्शन कइले.
- यूपी के महगांव आ काजीपुर का बीच शनिचर भोर में दू गो वाहन के टक्कर से पाँच गो श्रद्धालुअन के मौत ठाँवे पर हो गइल आ नौ जने घवाहिल हो गइले. जौनपुर के हरदौरी गाँव के एगो परिवार के लोग कौशांबी के कड़ा धाम में मां शीतला के दर्शन खातिर जात रहलें जब ई हादसा हो गइल.
- बलिया में यूपी सरकार के मंत्री लोग साइकिल चला के सपा के प्रचार करे में जुटल बा. एह मंत्रियन में कैबिनेट मंत्री अंबिका चौधरी, राम गोविंद चौधरी आ नारद राय शामिल रहलें. बाकिर एह लोग में से केहू एह दिसाईं कोशिश नइखे करत कि बलिया के बिजली पूरा मिल सको आ कवनो रुटीन बन पावो बिजली के आए जाए के.
- बलिया देवरिया के जोड़े वाला भागलपुर-तुत्तीपार पुल के रेलिंग तूड़त एगो ट्रक शुक का रात नीचे नदी में गिर गइल जवना से ओह पर सवार चालक समेत तीन जने बहुते घवाहिल हो गइलें. ट्रक मऊ के दुबारी से लकड़ी लाद के सलेमपुर देवरिया जात रहुवे.
- केंद्र सरकार मणिपुर के भरोसा दिहले बावे कि नागा शांति समझौता के आखिरी रूप देबे का बेरा मणिपुर के नजरिया पर पूरा धियान दीहल जाई. काल्हु गृहमंत्री राजनाथ सिंह आ मणिपुर के मुख्यमंत्री ओकराम इबोबी सिंह का बीच मुलाकात में ई बात कहल गइल. पहिले एह समझौता के सराहे वाला पुर्वोत्तर के तीन गो राज्य के मुख्यमंत्री अब सोनिया गाँधी के दबाव में एह समझौता का खिलाफ बयान देत बाड़े.
- शनिचर रात जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला के तंगधार सेक्टर में घुसपैठ करे वाला पाँच गो घुसपैठियन से सेना के मुठभेड़ होखला के खबर बा. ओने पकड़ाइल आतंकी नवेद के निशानदही पर ओकरा के टिकावे वाला आ सहायता देबे वाला चार जने के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.
- मुख्य निर्वाचन आयुक्त नसीम जैदी बिहार के दौरा का बाद कहलन कि चुनाव आयोग बिहार में चुनाव के तइयारियन से संतुष्ट बावे. कहलन कि वोदिंग का समय अर्धसैनिक बल तैनात कइल जइहें.
- वाराणसी जेल में दस बरीस के कैद के सजा भुगतत एगो नवही इग्नू के इम्तिहान में टाप कइले बा. 24 साल के अजीत कुमार सरोज इग्नू से डिप्लोमा इन टूरिज्म स्टडीज कोर्स के परीक्षा में ई मुकाम हासिल कइले.
- काल्हु दिल्ली में नीतीश कुमार बिहार फाउन्डेशन के सभा में बोले खातिर जसहीं उठलन तसहीं करीब एक दर्जन नवही बिहार के खराब कानून व्यवस्था का खिलाफ नारेबाजी शुरु क दिहले. नीतीश एह विरोध के एगो साजिश के हिस्सा बतवलन.
- ट्रेंटब्रिज में होखत पांच मैच के एशेज क्रिकेट श्रृंखला के चउथा टेस्ट मैच में मेजबान इंग्लैंड ऑस्ट्रेलिया के पारी आ 78 रन से हराके तीन-एक के अजेय बढ़त बना लिहले बावे. श्रृंखला के पांचवां आ आखिरी मैच 20 अगस्त से ओवल में खेलल जाई. ऑस्ट्रेलिया के कप्तान माइकल क्लार्क ओकरा बाद क्रिकेट से सन्यास ले लीहें.
- ओडिशा पुलिस एगो स्वंयभू साधू सारथी बाबा के धोखाधड़ी आ दोसरा आरोपन में गिरफ्तार कर लिहले बिया. सारथी बाबा के खिलाफ कार्रवाई करे के मांंग ले के लोग प्रदर्शन करत रहुवे.
- कांग्रेस ठान लिहले बिया कि ऊ देश के जनता के ओकरा के सत्ता से हटावे के भरपूर बदला ले के रही. कवनो ना कवनो बहाने संसद के काम रोक के विकास ना होखे देबे खातिर तय क लिहले कांग्रेस के कहना बा कि अबहियों ऊ संसद ना चले दी जबले भाजपा सरकार ओकरा से बातचीत के ओकरा के मना नइखे लेत.