• सेबी का शिकायत पर शेयर बाजार में घोटाला क के अपना करिया धन के उजरा बनावे वाला लोग नाहियो त पाँच छह हजार करोड़ रुपिया के चोरी करे वालन पर आयकर विभाग के नजर पड़ गइल बा. सेबी अइसन 900 कंपनियन के प्रतिबन्धित कर दिहले बावे जवनन पर संदेह बा कि ई लोग करिया के उजर करे में लागल रहुवे. एह कंपनियन के दाम दस गुना बीस गुना ले बढ़ जात रहुवे बाकिर कंपनी के खाता में ना त काम लउकत रहुवे ना मुनाफा.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि निजता के अधिकार संविधान से मिलल मौलिक अधिकार ना ह एहसे एकरा के आधार योजना खतम करावे खातिर लागू ना कइल जा सके. कुछ लोग आधार कार्ड के जरूरी बनावे का खिलाफ अदालत में गोहार लगवले बा कि एह योजना के रद्द करा दीहल जाव.
  • सुप्रीम कोर्ट जानल चलहे बा कि एक बेर राष्‍ट्रपति किहाँ से मौत के सजा का खिलाफ दायर दया याचिका ठुकरा दिहला का बादो का एकरा के राज्यपाल का सोझा भेजल जा सकेला. सवाल केन्द्र से पूछल गइल तके आ मुस्लिम परस्त नेता आ मीडिया केहु तरह एह फाँसिए के लटका देबे का फेर में लागल बाड़न.
  • संसद के मानसून सत्र के तिसरको दिने कुछ विपक्षी सांसदन के बवाल जारी बा. सोनिया के शिकायत बा कि संसद के कैमरा जान बूझ के विपक्ष के नइखे देखावत. आजु संसद में सुषमा स्वराज ओह कांग्रेसी नेता के नाम के खुलासा कर सकेली जे उनुका से घोटाला के आरोपी मंत्री के राजनयिक पासपोर्ट जारी करे खातिर दबाव डालत रहुवे.
  • चंदन आ भुजंग के उपमा दे के अपना के चंदन बतावे वाला नीतीश कुमार जब फँस गइलन त कह दिहलन कि ऊ लालू के साँप नइखन कहले. ऊ त भाजपा का बारे में कहले रहलें. एही पर बिहार विश्वविद्यालय के लंगट सिंह काॅलेज के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डा. जयकान्त सिंह जय के एगो दोहा सामने आइल बा कि –
    अधम प्रकृति जो जन रहे, का कर सकत सुसंग/ चंदन के गुन गहत कहाँ, लिपटल रहत भुजंग.
    नीच सुभाव के आदमी बढ़िया संगत में रहियो के कबो नीमन ना बन पावे. चंदन के पेड़ से लपटइला का बावजूद साँप में कबो ओकर सुवास ना आ पावे!
  • जइसहीं पता चलल कि राष्ट्रीय उच्चतर शिक्षा अभियान से मिले वाला अनुदान से महरूम रह जाए के पड़ी अगर नैक से मान्यता ना मिलल त 40 गो अंगीभूत काॅलेज नैक का लगे आवेदन दिहले बाड़े मान्यता खातिर. अबहीं महज 31 गो अंगीभूत काॅलेजन आ ललित नारायण मिश्र मिथिला विश्वविद्यालय के नैक से मान्यता मिलल बा बिहार में.
  • सारण जिला के खैरा इलाका के धोबवल गाँव का लगे एगो फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी के मोटरसाइकिल से गिरा के दोसरा मोटरसाइकिल से आवत बदमाश डेढ़ लाख रुपिया लूट ले भगलें.
  • 25 तारीख के पीएम बिहार का दौरा पर आवे वाला बाड़न आ ओकरा से पहिले माहौल बनावे में लागल केन्द्र सरकार बिहार के पहिलका कृषि विश्वविद्यालय के मंजूरी दे दिहलसि आ एकरा अपग्रेडेशन ला 295 करोड़ रुपिया के खर्च मंजूर क लिहलसि.
  • सारण जिला के गड़खा प्रखंड कार्यालय के गार्ड कार्यालए का एगो कोठरी में बंद क के एगो बीडीसी सदस्य के पिटाई क दिहलसि. बाद में पुलिस चहुँपल आ पिरौना के एह बीडीसी सदस्य के कोठरी से निकललसि. बतावल जात बा कि बीडीओ का आदेश पर ई पिटाई भइल.
  • सारण के गड़खा इलाका के एगो व्यवसायी से कुछ दिन पहिले करीब साढ़े तीन लाख रुपिया लूट ले जाए वाला अपराधी के एकमा थाना के सबइंसपेक्टर लुधियाना जा के पकड़ले रहलें. एह खातिर उनुका के पाँच हजार रुपिया के ईनाम दिहलन पुलिस कप्तान.
  • स्नातक विभागन के प्रमुख होखला का बावजूद प्रतिकुलपति से जेपी विश्वविद्यालय के कुलपति कवनो राय मशविरा ना करत रहलें. एह अनदेखी से नाराज हो के प्रतिकुलपति लोकेशचंद्र प्रसाद इस्तीफा दे दिहले बाड़न. हालांकि इस्तीफा अबहीं कुलाधिपति किहां मंजूर नइखे भइल.
    17 जुलाई का दिने आमडाढ़ी आ एकमा गाँव के लोगन का बीच भइल बवाल में अबहीं ले 78 लोग के नाम लिखल जा चुकल बा थाना में दायर मुकदमा में. काल्हु एह बारे में पाँचवा एफआइआर लिखल गइल बा.
  • मंगल रात बेतिया लौरिया सड़क पर एगो मोटरसाईकिल आ टमटम के टक्कर में टमटम चालक आ घोड़ा के मौत हो गइल जबकि मोटरसाइकिल चालक अब तब के हाल में अस्पताल में भरती बा.
  • मऊ जिला के घोसी कोतवाली इलाका के एगो पूजा स्थल पर माॅंस के लोथड़ा फेंक के इलाका के हालात बिगाड़े के कोशिश भइल बाकिर प्रशासन समुझा बुझा के हालात काबू में राखे में सफल रहल. अगर अइसने कवनो घटना दोसरा समुदाय का साथे भइल रहीत त हालात सम्हारल अतना आसान ना रहल रहीत.
  • चकिया से लापता नौ बरीस के लड़िका फिरोज राजस्थान का बिजनौर के किशोर गृह में होखला के जानकारी पुलिस के भेजल गइल बा ओहिजा से.
  • बलिया के भीमपुरा इलाका के शाहपुर टिटिहां गांव का लगे एगो मोबाईल कंपनी के दू गो सेल्स मैन के लूट लिहले बदमाश आ अपना मोटरसाइकिल से फरार हो गइले. सेल्समैनन का लगे करीब 63 हजार के रिचार्ज कूपन आ पाँच गो नया मोबाइल सेट रहुवे. ओहनी के मोटरसाइकिलो लूट ले गइलें सँ.
  • बलिया शहर में काल्हु गदहन के जुलूस निकलल जवना में शामिल कांग्रेसी गहगह रहलें. गदहा सभ केन्द्र सरकार आ भाजपा मुख्यमंत्रियन के पोस्टर लटकवले रहलें सँ अपना गरदन में आ हेंचू हेंचू करत लोग के मनरंजन कइले सँ.
  • सोनभद्र के कांशीराम कालोनी में मगरमच्छ घुस आइल रहुवे मंगल का रात जवना के लोग केहू तरह रसरी के फँसरी लगा के बान्ह लिहल आ वन विभाग के सँउप दिहल. वन विभाग बाद में ओह मगरमच्छ के बेलन नदी में छोड़ दिहलसि.
  • बुध का दिने वाराणसी के नारायणपुर में एगो मोटरसाइकिल से कचरा के 14 बरीस के एगो लड़िकी के मौत हो गइल. हादसा देखत लोग चहेट के मोटरसाइकिल वालन के पकड़ लिहलें आ धुनाई कइला का बाद पुलिस के दे दिहले. बेचारी लड़िकी घर से सामान खरीदे खातिर निकलल रहुवे आ दुकान खातिर सड़क पार करत घरी एह हादसा के शिकार हो गइल.
  • बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले जाति जनगणना मुद्दा पर पूरा राज्य के माहौल के जातिगत आधार पर गोलबन्दी करे में जुटल बाड़न लालू प्रसाद. काल्हु पटना में कहलन कि चुनाव में कमंडल के आन्ही के मंडल के तरजुई पर उतार के रहीहें. 26 जुलाई का दिने गाँधी मैदान में एक दिन के उपास पर बइठे के आ 27 जुलाई का दिने बिहार बंद करावे के एलान कइले बाड़न लालू प्रसाद.
  • केन्द्र सरकार फेरू कहले बिया कि इस्लामिक स्टेट के बंधक बनावल 39 गो हिन्दुस्तानी सुरक्षित बाड़े आ सरकार लगातार इरान के सरकार से एह बारे में संपर्क बनवले रखले बिया.
  • ग्रीस के संसद ओहिजा के अर्थव्‍यवस्‍था उबारे खातिर जरूरी सुधारन के दुसरको विधेयक के मंजूरी दे दिहलसि. सरकारे के बंवारा गुट के विरोध का बावजूद विपक्ष के समर्थन से विधेयक पास करा लिहलसि ग्रीस सरकार.
  • पेशावर के आतंकी हमला का पाछे भारत के हाथ बतावत पाकिस्तान सरकार के कहना बा कि ऊ एकर सबूतो जल्दिए सामने ले आई. ओकर इहो कहना बा कि रूस के उफा शहर में उहे कहले रहुवे कि एनएसए स्तर के बातचीत होखो.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d