- साल 1993 में मुम्बई शहर में बम विस्फोट करा के अढ़ाई सौ से बेसी लोग के जान लेबे वाला याकुब मेमन के फांसी चढ़वला से रोके खातिर सगरी कर्म आ कुकर्म करे वाला लोग सब जतन कर के थाक गइल. बीच अधरतिया सुप्रीम कोर्ट के दुआर ठकठका के रात बेरा सुप्रीम कोर्ट के खोले खातिर मजबूर क दीहल लोग. बाकिर तीन गो जज के बेंच अपना फैसला में याकूब मेमन के फाँसी लटकावे के राह में कवनो बाधा खड़ा करे से मना कर दिहलसि आ आजु भोरे याकूब मेमन के नागपुर का जेल में फाँसी चढ़ा दीहल गइल.
- याकूब मेमन के फांसी चढ़वला का बाद मुंबई में सुरक्षा टाइट कर दीहल गइल बा. करीब पैंतीस हजार जवानन के एह काम ला तैनात राखल गइल बा. याकूब मेमन के घरो पर सुरक्षा चौकस क दीहल बा. मुंबई में नाहियो त 500 लोग के एतहाति रूप से हिरासत में ले लीहल गइल बा. याकूब के लाश ओकरा घरवालन के सँउप दीहल जाई आ घर वाले ओकरा के सुपुर्दे खाक करीहें.
- देश के राष्ट्रपति रहल एपीजे अब्दुल कलाम के आजु तमिलनाडु में उनका पैतृक शहर रामेश्वरम में सुपुर्द-ए-खाक कइल जाए वाला बा जवना मेे देश भर से खासमखास लोग जुटल बा.
- लोकसभा अध्यक्ष सुमित्रा महाजन आजु सगरी गोल के बइठक बोलवले बाड़ी जवना में लोकसभा के सुबहित चलावे खातिर राय विचार कइल जाई. सदन चलावे में कांग्रेस बाधा बन के ठाड़ बिया आ ओकरा चलते कवनो कामकाज नइखे हो पावत.
- इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश दिहले बिया कि गन्ना किसानन के बकाया रुपिया के दू हप्ता का भितरे दे दीहल जाव. कहले बिया कि अगर अइसन ना भइल त अधिकारियन आ चीनी मिल मालिकन का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई.
- पश्चिम बंगाल में आइल तूफान का चलते ममता बनर्जी आपन इंगलैंड यात्रा बीचे में रद्द क के लवट आइल बाड़ी.
- सारण जिला के अवतारनगर इलाका में मंगल के रात हराजी धाड़ीपुर गांव में आठ बरीस के एगो बच्ची का साथे कुकर्म कइला का बाद ओकरा के छुरा घोंप घोंप के मुआ दीहल गइल बा. रात मे अपना भाई बहिनन संगे सूतल ई बच्ची सबेरे गायब मिलल त सभे खोजे लागल. एह बीच ताड़ी उतारे ताड़ पर चढ़ल एगो आदमी बँसवारी में फेंकल लाश देखलसि.
- बुधो का दिने छपरा जेपी विश्वविद्यलाय के काॅलेजन में बवाल होखल जारी रहल. जगदम काॅलेज में आगजनी आ तोड़फोड़ कइला का बाद ताला मार दिहलें विद्यार्थी. गंगा सिंह काॅलेजो में धक्का मुक्की भइल. राम जयपाल सिंह यादव काॅलेज, सांइस काॅलेज आ जगलालो कालेज में बवाल कटलें विद्यार्थी.
- छपरा रेवा मेन रोड पर भैंसमारा नहर का लगे बुध का दिने एगो कार के धक्का से 19 बरीस के एगो विद्यार्थी के मौत हो गइल. भैंसमारा गाँव के ई लड़िका जगदम कालेज से स्नातक करत रहल ह.
- वारानसी के पचास हजरिया बदमाश रोहित सिंह उर्फ सनी के बुध के रात मुठभेड़ क के पुलिस मार गिरवलस. ओकरा संगे के दू गो बदमाशन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.
- गंगा के पानी लगातार बढ़त गइला का चलते बलिया के गायघाट में लाल निशान पार करे पर बा. गंगा के धार से कटान होखे लागल बा. हुकुम छपरा का लगे एनएच बचावे के काम शुरु करा दिहले बावे प्रशासन.
- आजमगढ़ के कंधरापुर इलाका के पश्चिमपुरा गाँव में एक तरफा प्रेम में पागल प्रेमी अपना प्रेमिके पर गोली चला दिहलसि आ छुरा मार के घवाहिल क दिहलसि. प्रेमिका के वाराणसी रेफर क दिआइल बा इलाज खातिर.