काल्हु मंगल का दिने वीडियो कांफ्रेंसिंग का जरिए रायसीना संवाद के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि आर्थिक विकास ला आन्हर दौड़ में आदमी अइसन अझूराइल कि मानवता के कल्याण पीछे छूट गइल. कहलन कि एही आपाधापी के परिणाम बा कि सगरी दुनिया आजु महामारी का गिरफ्त में आ गइल बा. कहलन कि दू गो विश्व युद्ध भइला का बाद सगरी व्यवस्था एके दिशाईं लाग गइल कि का आ कइले कइल जाव कि तिसरका विश्व युद्ध होखे के नौबत ना आवे. दुनिया ई बिना कारण खोजले आ सोचले समस्या सझुरावे में लाग गइल. तिसरका विश्व युद्ध त ना भइल बाकिर परोक्ष युद्धन आ आतंकवादी हमलन का चलते हिंसा के दौर हर जगहा जारी बा.

केंद्र सरकार के कहना बा कि देश में कोविड-19 का खिलाफ काम करे वाला वैक्‍सीन के कवनो कमी नइखे. समस्‍या एह चलते बा कि कई राज्‍य सरकार एकरा प्रबंधन में लापरवाही कइले बाड़ें. एही बीच सरकार कई विदेशी टीकन के देश में आपात इस्तेमाल में ले आवे के अनुमति देबे के प्रक्रिया तेज कर दिहले बिया. एह बारे में विशेषज्ञ समूह के कहना बा कि विदेश में बनावल आ विश्व स्वास्थ्य संगठन का सूची में शामिल हो चिकल वैक्सीनन के भारतो में मंजूरी दे दीहल जाव पहिले एह टीकन के एक सौ लोग के लगावल जाय आ एक हफ्ता ले ओह लोग के निगरानी कइला का बाद मिलल परिणाम से निर्णय कइल जाय.

बिहार में मनरेगा के तहत अकुशल मजदूरन के मजदूरी दर अब 198 रुपिया कर दीहल गइल बा. पर साल ई 194 रुपिया रहुवे.

पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिन्दर सिंह साफ कइले बाड़न कि अगिला विधानसभा चुनाव ला टिकट बाँटे में चुनाव रणनीतिकार आ उनुकर प्रधान सलाहकार प्रशांत किशोर के कवनो भूमिका ना होखी.

मिर्जापुर के देहात कोतवाली इलाका के बरकछ पहाड़ी पर मंगल का दिने एगो सड़क हादसा में जीप के पलटला से ओह पर सवार जिला पंचायत सदस्य के उम्मीदवार ई उनुका प्रस्तावक के ठाँवे पर मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

पश्चिमी चंपारण जिला के चिउटहां इलाका में एगो आदमी अपना मेहरारु के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. मेहरारु के नइहर के लोग एकरा के दहेज हत्या बतवले. मामिला के जाँच करत पुलिस हत्या आरोपी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

झारखण्ड मुक्ति मोर्चा के संस्थापक सदस्य आ विधायक, सांसद, अउर मंत्री रहल साइमन मरांडी के निधन कोलकाता के नेताजी हॉस्पिटल में सोमार का राति हो गइल. ऊ ढेर दिन से बेमार रहुवन आ करीब एक महीना से अस्पताल में भरती रहलन. ईसाई मरांडी के आजु पाकुड़ जिला के लिटीपाड़ा प्रखंड के ताल पहाड़ी डुमरिया गाँव में उनुका पैतृक आवास का नियरा दफनावल जाई.

डर आ लालच का बीच झुले वाला शेयर बाजार सोमार का दिने के जोरदार बिकवाली का बाद काल्हु मंगल का दिने तेजी कटलसि. ऑटो, बैंकिंग आ फाइनेंस कंपनियन के शेयरन में लिवाली का चलते सेंसेक्स आ निफ्टी दुनु में तेजी दर्ज भइल.

पिछला साल चैंपियन रहल मुंबई इंडियंस गजब के गेंदबाजी करत मंगल के भइल आईपीएल मैच में कोलकाता नाईट राइडर्स के 10 रन से हरा दिहलसि.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d