• मानवता आ देश के दुश्मन याकूब मेमन के फाँसी रोके खातिर दीहल याचिका आजु सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि. ओने महाराष्ट्र के राज्यपाल दुबारा मिलल दया याचिका खारिज कर दिहलन. अब रह गइल राष्ट्रपति का लगे फेरू भेजल दया याचिका जवना के खारिज करे के सलाह केन्द्र सरकार दे दिहले बिया. बाकिर राष्ट्रपति ओकरा बाद सालीसिटर जनरल से सलाह मँगले आ आखिरकार उनुको किहाँ से दया याचिका खारिज हो गइल. अब याकूब मेमन के काल्हु सबेरे फाँसी दे दीहल जाई. फाँसी के पहिले कइल जाए वाला मेडिकल जाँच में याकूब सही सलामत मिलल बा आ ओकरा के फाँसी चढ़ावल जा सकेला.
  • याकूब के फाँसी के फैसला के पूरा देश स्वागत कइले बा बाकिर अतना बड़हन देश में कुछ कुकुर जरूर फेंकरत बाड़े. ओह लोग के लागत बा कि बाप भा पति मरे वाला बा. भगवान ओह लोग के मन के शान्ति देसु.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु केन्द्र सरकार के ओह निवारक याचिका के ठुकरा दिहलसि जवना में राजीव गाँधी के हत्यारन के फाँसी देबे के गोहार लगावल रहुवे.
  • राज्‍यसभा के प्रवर समिति के सुझावल संशोधन के मंजूरी दे दिहलसि केन्‍द्रीय मंत्रिमंडल. अब वस्‍तु आ सेवा कर का चलते राज्य सरकारन के होखे वाला नुकसान के भरपाई केन्द्र सरकार का तरफ से पाँच बरीस कइल जाई. पहिले एकरा के पाँच बरीस ले देबे के बात कहल रहे जवना से हो सकत रहे कि पहलहीं बन्द क सकत रहे केन्द्र. अब पाँच बरीस ले भरपाई कइल जरूरी हो जाई.
  • केन्द्रीय मंत्रिमंडल आजु नया उपभोक्‍ता संरक्षा विधेयक 2015 आ अपहरण निरोधक विधेयको के मंजूरी दे दिहलसि.
  • दिल्‍ली उच्‍च न्‍यायालय आजु दिल्ली सरकार से अपना विज्ञापन खातिर कइल खरच प नाराजगी जतावत हिसाब देबे के निर्देश दिहलसि.
  • अफगानिस्‍तानी अधिकारियन के कहना बा कि अफगानिस्‍तान तालिबान के सरगना मुल्‍ला मोहम्‍मद उमर के मौत त कई बरीस पहिलहीं हो चुकल बा. एह बयान पर तालिबान का तरफ से कवनो बयान नइखे आइल.
  • बर्मिंघम में इंग्लैंड का साथे एशेज क्रिकेट श्रृंखला के तिसरका टेस्ट का पहिला दिने ऑस्ट्रेलिया के पारी महज 136 रन पर समेटा गइल. पाँच मैच के सीरिज में दुनू देश एक एक मैच जीत के बरोबरी पर बाड़े.
  • अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्‍थान के मुख्‍य सतर्कता अधिकारी रहल संजीव चतुर्वेदी आ एनजीओ गूंज के संस्‍थापक अंशु गुप्‍ता के साल 2015 के रैमॉन मैगसासे पुरस्‍कार खातिर चुनल गइल बा.
  • गोवा के मुख्यमंत्री रहल कांग्रेसी नेता दिगंबर कामत अमेरिकी कंपनी लुईस बर्जर से कवनो तरह के घूस लेबे से इनकार करत जाँच करे वाला अधिकारियन से कहलन कि ना त ऊ कबो एह कंपनी से मिललें ना त बात कइलें, ना घूस लिहलें.
  • जीतन राम माँझी के मिलल जेड प्लस सुरक्षा का बाद अब राजद सांसद रहल राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के वाई सुरक्षा दे दीहल गइल. जदयू एकरा के साजिश बतावत बावे.
  • सेना असम में कार्बी पीपुल्स लिबरेशन टाइगर के तीन गो आतंकवादियन के मार गिरवले बिया. ओहनी के तीन गो ट्रेनिंग शिविरि जे भसा दीहल गइल बा.
  • नौसेना आ थल सेना का बाद अब वायुओ सेना आपन बहाली प्रक्रिया के ऑनलाइन क दिहलसि. अब लिखित आवेदन देबे जरूरत ना पड़ी. सगरी प्रक्रिया आनलाइन होखी. एकरा ला वेबसाइट बनावल गइल बा – http://airmenselection.gov.in
  • अखिलेश यादव सरकार फैसला कइले बिया कि नोएडा के प्रशासक यादव सिंह के कइल घोटाला के जाँच सीबीआई से करवावे का फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अपील करी.
  • उत्तर प्रदेश के रामपुर में मंदिर के सफाई करत एगो नवही के गोली मार के मुआ दिहला का चलते ओहिजा दंगा भड़क गइल बा. काल्हु मंगल क दिने कूप गाँव में दुनू समुदाय के लोग का बीच भइल झगड़ा का बाद आज के वारदात कइल गइल. रामपुर सपा सरकार के कद्दावर मंत्री आजम खान के इलाका ह.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d