देश में एह घरी कोविड के जोर आ चुनावी प्रचार के शोर में होड़ लागल बा. चलीं पहिले चुनाव के चर्चा कर लीहल जाव.
असम आ पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के दुसरका चरण के वोटिंग काल्हु बियफे का दिने होखे जा रहल बा आ ओह इलाकन में प्रचार अभियान काल्हु मंगल साँझ से बन्द हो गइल. एह दौर में असम के 39 सीट पर आ पश्चिम बंगाल के 30 सीट पर वोटिंग काल्हु 1 अप्रैल के करावल जाई. एह राज्यन के तिसरका चरण के वोटिंग का साथही केरल, तमिलनाडु अउर पुद्दुचेरी के पूरा वोटिंग 6 अप्रैल के करावल जाई. काल्हु के वोटिंग में देश के नजर पश्चिम बंगाल के नंदीग्राम पर टिकल रही जहाँ से मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के मुकाबला भाजपा के शुवेन्दु अधिकारी से हो रहल बा. दुनु जने के समर्थक आपन आपन जीत के दावा करत बाड़ें हालांकि भाजपा के रैलियन में अधिका भीड़ देखे के मिलल रहे. ममता बनर्जी के रैली ओह मुकाबले फीका लउकली सँ.

काल्हु देश में कोविड के 56 हजार 2सौ एगारह नया मरीज मिललें आ 271 मरीजन के मौत हो गइल. 37 हजार 28 कोविड मरीज काल्हु ठीक हो गइलें. देश में अबहीं ले 1 करोड़ 20 लाख 95 हजार 855 लोग के कोविड छूत हो चुकल बा जवना में से 1 लाख 62 हजार 114 मरीजन के मौत हो चुकल बा. अपना दुसरका दौर में तेजी से पसरत कोविड का चलते पूरा देश हलकान बा बाकिर नयका मरीजन में से अस्सी फीसदी मरीज दसे गो जिला में मिलत बाड़ें. एह दस गो जिलन में से सात गो – पूणे, मुंबई, नागपुर, थाणे, नासिक, औरंगाबाद, आ नानदेड़ – महाराष्ट्र में बाड़ी सँ. कोविड टीकाकरणो पूरा रफ्तार से हो रहल बा आ अबले 6 करोड़ 11 लाख से अधिका लोग के टीका लगावल जा चुकल बा. भारतीय सेना का तरफ से एक लाख कोविड टीका नेपाल सेना के उपहार भेजल गइल बा.

रोगियन के खोज, छूत के जाँच, आ बीमारी के इलाज के अनुभव आ प्रक्रिया के इस्तेमाल अब टीबी के इलाजो में करे के सोचत बिया केन्द्र सरकार. ई जानकारी केन्द्रीय स्वास्थ्यमंत्री हर्षवर्धन देश के दिहले बाड़न.

राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द के हृदय के आपरेशन सफल रहल आ ऊ तेजी से स्वास्थ्य लाभ ले रहल बाड़न. आपरेशन दिल्ली के एम्स में भइल.

करियाह कमाई के धन के साफ बनावे का साजिश में धराइल यूनिटेक ग्रूप के 152 करोड़ रुपिया दाम के 12 गो भूखंड आर्थिक अपराध रोके वाली ईडी जब्त कर लिहले बिया.

देश के शेयर बाजार में मंगल का तेजी बढ़िया तेजी देखे के मिलल. लिवाली का तेजी से सेंसेक्स में 1128 अंक के आ निफ्टी में 338 अंक के बढ़ोतरी दर्ज भइल. जबकि सोना आ चाँदी के दाम में गिरावट देखे के मिलल. कच्चा तेल का दामो में गिरावट आइल बा.

म्यानमार में सैनिक तख्ता पलट का बाद से हो रहल जनविरोध जारी बा आ अबहीं ले 510 लोग के जान जा चुकल बा आ एह जनविरोध में.

कक्षा आठ तक के विद्यार्थियन ला 4 अप्रैल से विद्यालय बंद रहीहे सँ.

दरभंगा हवाई अड्डा से हैदराबाद, कोलकाता आ पुणे ला उड़ानन के शुरुआत काल्हु से हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: