• बिहार के बक्सर जिला के सिकरौल इलाका में जमीन के झगड़ा का चलते मंगल का दिने एगो महतारी बेटी के गोली मार के हत्या क दीहल गइल.
  • सब छँवड़ी झुमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहु वाला अन्दाज में आआपा गोल बिहार चुनाव में आपन दाँव आजमावल चाहत बिया आ ओकर चेहरा बन के बिहारी बाबू सामने आ सकेलें. काहे कि इनकर लालसा हर सीमा पार क गइल बा आ बेचैन बड़न कुछ बन जाए के भा बना जाए के. बाकिर केजरीवाल के दुविधा इहो बा कि दिल्ली चुनाव का बेरा नीतीश से मिलल सहायता के बदला कइसे चुका पइहे.
  • सारण जिला के मशरक प्रखंड के धरमासती गंडामन गांव के स्कूल में जहर वाला मिड डे मील खइला से 23 ग बचवन के मौत होखे का मामिला में सोमर का दिने कवनो गवाह ना पेश कइल गइल.
  • भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी नीतीश कुमार से जानल चाहत बाड़न कि पचास लाख लोग के डीएनए जाँच करावे खातर करीब तीन हजार करोड़ रुपिया आई कहाँ से? का एकरा के सरकारी कार्यक्रम ‘बढ़ चला बिहार’ के बजट से निकालल जाई कि पार्टी फेड से?
  • चुनाव आयोग के निर्देश पर ती बरीस भा अधिका से एके जगहा जमल 171 गो पदाधिकारियन के तबादला क दीहल गइल बा. एहमें एसडीओ, डीडीसी, सीनियर एडीएम आ
    डीसीएलआरएस लोग शामिल बा.
  • दरभंगा मेडिकल कॉलेज अस्पताल के 19 गो छात्रन के रैगिंग करे का आरोप में निलंबित क दीहल गइल बा.
  • यूपी के मथुरा में एगो समुदाय के लोग अपना दावत खातिर पशु काटत रहुवे तबहिए पुलिस ओहिज चहुँप गइल आ दू जने के धर लिहलसि. तिसरका भाग के अपना इबादतगाह में लुका गइल. बािर बाद में पुलिस ओहू दुनू के छोड़ दिहलसि. अब ओह समुदाय के लोग पुलिस का खिलाफ बवाल क दिहले बा. पुलिस ओहिजा कैम्प लगा के हालात सम्हारे में लागल बिया.
  • बलिया में आजु मंगल का भोरे एगो बड़हन हादसा होखे बाच गइल जब सागरपाली गाँव के एगो घर में माटी के ढिबरी पलटला का बाद आग लाग गइल आ आग बगल में राखल फ्रीज में ध लिहलसि. ओकरा बगले में गैस के सिलिन्डर रहुवे. तबले पड़ोसी के नींद टूट गउवे आ लोग मिल जुल के आग पर काबू पा लेउए.
  • बलिया टीसन पर सोमार का दिने सघन किलाबंदी अभियान चला के साढ़े आठ सौ बेटिकट लोग के पकड.ल गइल आ ओहनी से दू लाख सत्तर हजार जुरमाना वसूलल गइल.
  • बलिया जिला अस्पताल में साँप के कटला के काट वाला एंटी स्नेक वेनम ना रहला का चलते एगो आदमी के मौत का बाद लोग जम के बवाल क दीहल. अस्पताल ले आवे से पहिले झाड़ फूंक करे के अपना गलती के ना मानेला लोग. बतावल जात बा कि अस्पताल के डाक्टरन का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा.
  • लोकसभा में भूमि अधिग्रहण विधेयक पर विचार करे वाला संयुक्‍त संसदीय समिति के अध्‍यक्ष एस एस अहलुवालिया आपन रिपोर्ट पेश करे के समय सीमा बढ़ावे के निहोरा कइलन त शीतकालीन सत्र के पहिला हप्ता के आखिरी दिन तक के समय दे दिहलसि लोकसभा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु बिना कवनो गोल के नाम लिहले कहलन कि देश के बढन्ती के राह में कुछ लोग बाधा बन गइल बा आ संसद के बेजाँय फायदा उठावत बा. पीएम भाजपा संसदीय दल के बइठक में बोलत सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव आ बाकी गोल के सरहलन जे एह मामला में अब कांग्रेस के साथ छोड़ दिहले बा. कांग्रेसो में महतारी बेटा छोड़ बाकी लोग एह मामला में असहज बा बाकिर अपना मुखिया का खिलाफ कुछ बोल नइखे सकत.
  • वित्त मंत्री अरूण जेटली आजु राज्‍यसभा में वस्‍तु आ सेवा कर विधेयक पेश कर दिहलन. लोकसभा एकरा के पास कर चुकल बिया बाकिर राज्यसभा से पास भइला का बाद दुबारा लोकसभा में ले जाए के पड़ी काहे कि एहमें कुछ संशोधन कइल गइल बा संसदीय समिति के कहला पर
  • बँवारा गोल वालन के कहना बा कि पश्चिम बंगाल के मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी आ प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी के होखे वाला बातचीत के मकसद चिटफंड घोटाला में फँसल तृणमूलियन के बचावे के कोशोश बा. ई लोग आजु संसद का बाहर पश्चिम बंगाल के बिगड़ल कानून व्‍यवस्‍था का खिलाफ प्रदर्शनो कइल.
  • बंगलादेश में अंतर्राष्‍ट्रीय अपराध ट्रायब्‍यूनल साल 1971 के मुक्ति संघर्ष का दौरान मानवता का खिलाफ अपराध करे के दोषी मानत रजाकार शेख सिराजुल हक के आजु मौत के सजा सुना दिहलसि. एगो दोसर रजाकार खान अकरम हुसैन के उमिर कैद के सजा दीहल गइलन. अबले एह मामला में कुल 21 लोग के सजा दीहल जा चुकल बा.
  • चीन के केंद्रीय बैंक अपना देश के राष्ट्रीय मुद्रा युआन के भाव घटा दिहलसि आ ओकरा के डॉलर के मुक़ाबले तीन बरीस के सबले निचला स्तर पर ले आ दिहलसि. एहसे ओकर आयात कम होखी आ निर्यात में बढ़ती होखी.
  • ग्रीस आ ओकरा के करजा देबे वाला देशन का बीच आजु एगो राहत पैकेज पर सहमति बन गइल आ ग्रीस दिवालिया होखे से बाच गइल.
  • भारत मूल के सुंदर पिचाई के गूगल आपन सीईओ बना दिहलसि. एकरा खातिर गूगल एगो नया कंपनी अल्फाबेट इंक बना दिहलसि जवन गूगल के सगरी कंपनियन के माथ छतरी बन जाई. सुन्दर पिचाई साल 2004 में गूगल ज्वायन कइले रहले.
  • आधार कार्ड मामिले में सुप्रीम कोर्ट से सरकार के इजाजत मिल गइल कि केरोसिन, सार्वजनिक वितरण प्रणाली, आ एलपीजी पर सब्सिडी देबे खातिर ऊ आधार कार्ड के जरूरी बना सकेले बाकिर दोसर कवनो काम खातिर आधार कार्ड के जरूरी ना बनावल जा सकी.
  • इस्लामिक स्टेट के मनसूबा कि अगिला चार पाँच साल में हिन्दुस्तानो के अपना कब्जा में ले लेव. हो सकेला ओकरा एहिजा के सेकूलर चरमपंथियन पर भरोसा बा कि ई लोग देश के हिन्दुत्व से बचावत ओकरा कब्जा में ले आवे के सहूलियत खातिर माहौल बना दी.
  • चार साल का बाद जापान में फेरू परमाणु बिजली बनावे के काम शुरु होखे वाला बा. चार बरीस पहिले फ़ुकुशिमा परमाणु दुर्घटना का बाद एकरा के बंद क दीहल रहे.
  • उधमपुर में सीमा सुरक्षा बल के काफिला पर हमला का बाद जिंदा धराइल आतंकी मोहम्मद नावेद याकूब के मंगल का दिने अदालत 14 दिन के एनआईए हिरासत में भेज दिहलसि.
  • भाजपा के आपन प्लान बा कि भूमि अधिग्रहण अध्यादेश के मर जाए दीहल जाव जेहसे विपक्ष एकर फायदा बिहार चुनाव में ना ले सक. आ ओकरा बाद के गणित देख के तय कइल जाव कि का करे के बा. एह बीच कांग्रेस के विकास विरोधी चेहरा देश के सोझा ले आ दीहल जाव.
  • टेनिस के कनाडा ओपन के दूसरा दौर मे पहुंच गइल भारत के लिएंडर पेस आ ब्रिटेन के एंडी मरे के जोड़ी.
  • बैडमिंटन के विश्व चैम्पियनशिप में माथ भारतीय बैडमिंटन खिलाड़ी किदाम्बी श्रीकांत आ पीवी सिंधु मंगल का दिने आपन आपन एकल मैच जीत लिहले.
  • स्पेन के सैंट कुगाट डेल वालेस में खेलल गइल हॉकी मैच में स्पेन भारत के 4-1 से हरा के तीन मैच के सीरिज के पहिलका मेच जीत लिहलसि.
  • टेलीफोन एक्सचेंज मामिला में मद्रास उच्च न्यायालय से आपन अगवाह जमानत रद्द किए भइला का बाद दूरसंचार मंत्री रह द्रविड़ मुनेत्र कड़गम नेता दयानिधि मारन अब सुप्रीम कोर्ट के चौखट पर माथा टेके चहुँपल बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d