- शनिचर का साँझ शिलांग में निधन का बाद डा. कलाम साहब के पार्थिव शरीर आजु वायु सेना के विमान से दिल्ली ले आइल गइल आ बाद में उनुका सरकारी निवास पर राखल गइल जहाँ भारी संख्या में लोग चहुँपल आ कलाम साहब के आपन श्रद्धांजलि दीहल. हवाई अड्डा पर पार्थिव शरीर चहुँपे का बेरा ओहिजा राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ तीनों सेना के प्रमुख मौजूद रहलें. निवास पर जा के श्रद्धासुमन अर्पित करे वालन में संघचालक मोहन भागवत समेत अनेके खासमखास लोग शामिल रहल.
- डॉक्टर कलाम के बियफे का दिने तमिलनाडु में उनुका गृह शहर रामेश्वरम में सुपुर्दे खाक कइल जाई. एहमें अनेके माथ नेता आ कई राज्यन के मुख्यमंत्री शामिल होखीहें.
- कलाम साहब का मरला का बाद उनुका बहाने राजनीति के दाँवोपेंच शुरु हो गइल बा. केहू कहत बा कि दिल्ली के अकबर रोड के नाम बदल के कलाम साहब का नाम पर कर दीहल जाव काहे कि अकबर के बर्ताव हिन्दूवन से बहुते खराब रहल रहे आ ऊ विदेशी आक्रामक खानदान के वारिस रहुवे. जबकि सपा चाहत बिया कि मुंबई कोस्टल रोड के नाम कलाम साहब का नाम पर कर दिआव. जान जाईं कि शिवसेना एह रोड के नाम बाल ठाकरे का नाम पर करावल चाहत बिया.
- सुप्रीम कोर्ट में मुबंई हमला के दोषी याकूब मेनन के फाँसी पर रोक लगावे वाली याचिका एगो जज खारिज क दिहलन त दोसर जज फाँसी पर रोक लगा दिहलन. एकर मतलब ई भइल कि न्यायालय से कवनो आदेश ना हो सकल आ अब काल्हु बुध का दिने एकरा पर बड़हन पीठ विचार करी.
- पटना हाई कोर्ट से आजु जदयू आ नीतीश कुमार के एगो बड़का झटका लागल जब अदालत आदेश दे दिहलसि कि सरकार के बढ़ चला बिहार अभियान में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भा कवनो मंत्री के चेहरा मत देखावल जाव. एह पर जल संसाधन मंत्री विजय कुमार चौधरी कहलन कि फैसला का बारे में समीक्षा क के सुप्रीम कोर्ट मे गोहार लगावल जाई.
- रोहतास जिला के नगर थाना इलाका के धर्मशाला चौक का नियरा से तीन जने के दस लाख रुपिया दाम के हेरोइन का साथे पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
- बिहार के बँवार गोलन के गठबन्हन के घोषणा पत्र 7 सितंबर के जारी करे के एलान भइल बा. सगरी बँवारा गोल मिल के चुनाव लड़ीहें आ भाजपा के अगुआई वाला राजग आ जदयू के अगुवाई वाला महागठबन्हन के मुकाबला हर विधानसभा क्षेत्र में करीहें.
- सिवान जिला के बड़हरिया विधानसभा क्षेत्र से जदयू विधायक श्याम बहादुर सिंह प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पर बिहार के लोग के बेइज्जत करे के आरोप लगा के मुकदमा लिखवले बाड़न. उनुका खास शिकायत नीतीश के डीएनए में दोस बतवला पर बा.
- यूपी के हर मंडल में राज्य सरकार एक एक गो डायलिसिस केन्द्र खोली जवना में निजी क्षेत्रो के भागीदारी होखी. हर मंडल मुख्यालय के अस्पताल में दस दस गो डायलिसिस मशीन लगावल जाई जहाँ चालीस पचास मरीजन के डायलिसिस फोकट में कइल जाई.
- गोरखपुर के चौरीचौरा इलाका के बदुरहिया गांव के नियरा भइल सड़क हादसा में तीन जने के मौत हो गइल. घवाहिल दू गो नवही गोरखपुर अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.
- संतकबीरनगर के खलीलाबाद इलाका में सोमार रात एगो बस सड़क किनार खाड़ ट्रक से टकरा गइल जवना से तीन जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
- पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक ए.के. मित्तल आजु रेल पुल के निरीक्षण कइला का बाद कहलन कि पटना-सोनपुर रेल पुल के काम लगभग पूरा हो चुकल बा आ बाचल खुचल काम एक हप्ता का भितरे पूरा करा लीहल जाई.
- भारतीय महिला तीरंदाजी रिकर्व टीम रियो ओलंपिक में शामिल होखे के हक जीत लिहलसि जब डेनमार्क के कोपेनहेगन में जर्मनी के साथे खेलत भारत के दीपिका कुमारी, लक्ष्मी रानी मांझी आ रिमिल के तिकड़ी 5-3 से जीत गइल.
- आइआइटी रुड़की से निकालल गइल विद्यार्थियन के अपील हाई कोर्ट खारिज कर दिहलसि.
- भारतीय प्रबंधन संस्थान – आईआईएम – में दाखिला लेबे खातिर होखे वाला कैट परीक्षा एह साल पूरा देश में एके साथ 29 नवम्बर के करावल जाई. एह खातिर विद्यार्थी आपन पंजीयम 6 अगस्त से 25 सितम्बर का बीच करवा सकेलें.
- आज कच्चा तेल के दाम पिछला छह महीना के सबले कम दाम का करीब आ गइल जब ई 52 डॉलर प्रति बैरल ले हो गइल. विदेशी मुद्रा बाजार में रुपया डॉलर के मुकाबले 25 पइसा मजबूत भइल बाकिर शेयर बाजार में आजुओ बिकवाली के दबाव बरकरार रहल आ सेंसेक्स 102 अंक अउर निफ्टी 24 अंक गिर के बंद भइल.
- सेबी आज सहारा सम्पत्ति प्रबंधन कम्पनी के म्युचुअल फंड चलावे के लाईसेंस रद्द कर दिहलसि आ आदेश दिहलसि कि कंपनि केहु से कवनो नया निवेश मत करावे.
