काल्हु देश में होली के त्योहार खुशी खुशी मना लीहल गइल. कतहीं से कवनो अइसन खराब खबर नइखे जवन होली के उल्लास कम करे वाला होखो.

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के धुरी बनल नंदीग्राम में तृणमूल के ममता बनर्जी आ भाजपा के शुवेन्दु अधिकारी का बीच काँटा के टक्कर चल रहल बा. एही चलते ममता अपना के पाँच दिन खातिर नंदीग्रामे में रुक के अपना प्रचार में लागल बाड़ी. काल्हु उनुका पर बड़हन जुबानी हमला करत शुवेन्दु कहलन कि ईद मुबारक कहे के आदी ममता बेगम होलीओ पर होली मुबारक कह बइठली. अगर उनकर सरकार फेरु बन गइल त बंगाल के मिनी पाकिस्तान बने में देर ना लागी. अबहीं त हार का डर से ऊ मंदिरे मंदिर माथा टेकत बाड़ी. ममता के बाहरी आ अपना के स्थानीय बतावत शुवेन्दु कहलन कि हालही में सामने आइल उनुका आडियो से साफ हो जात बा कि ना त ऊ पहिले नंदीग्राम आवत रही, ना आगे अइहें. ऊ चुनाव के बाद नंदीग्राम से बाहर उड़ जइहे.

कोरोना के दुसरका दौर देश के चिन्ता में डलले बा. भारतीय क्रिकेट टीम के कई जने पुरनिया दिग्गजन के कोरोना के चपेटा में आ जाए के खबर आइल बा. हाल ही में भारत में खेलल गइल वर्ल्ड रोड सेफ्टी सीरीज में खेले वाला चार जने भारतीय खिलाड़ी कोरोना पॉजिटिव मिलल बाड़ें. पहिले सचिन तेंदुलकर के कोरोना होखे के खबर आइल त अब यूसुफ पठान अपना के कोरोना पॉजिटिव होखे के जानकारी दिहले बाड़न आ कहलन कि बल्लेबाज रहल एस बद्रीनाथ कोरोना छुताह हो गइल बाड़न.

देश में सबले अधिका कोरोना मरीज महाराष्ट्र में मिलत बाड़ें. ओहिजा कोरोना के पसार देखत मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे अधिकारियन से लॉकडाउन करे के सलाह दिहले बाडडन. बाकिर सरकार में शामिल राकांपा के राय एहसे उलट बा आ एनसीपी नइखे चाहत कि लॉकडाउन लगावल जाव. ओकर कहना बा कि कोरोना रोके के दोसर राह खोजल जाव.

बिहार के कैमूर जाला के बेलांव आ अधौरा इलाका के ताला गांव में सोमार का दिने भइल अलग अलग सड़क हादसन में एगो 2 बरीस के लइका आ एगो नवही के मौत के खबर बा.

भोजपुर जिला के शाहपुर इलाका के एगो गाँव के लइकी के दिन में दिशा मैदान करे जात घरी ओही गाँव में अपना ममहर में रहे वाला एगो नवही अपना संघतिया संगे मिल के गैंगरेप कउवे. एह बाति के शिकायत राजद विधायक राहुल तिवारी थाना में कइलें त थानेदार से उनुकर बतकही हो गउवे. एह बतकही के रिकार्डिंग का साथे ऊ डीएम-एसपी से शिकायत कइले बाड़न.

बिहार बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट 5 अप्रैल ले जारी हो जाए के उमेद बा.

फगुआ खेल के नहाए गइल पाँजने के देवरिया जिला में अलगा अलगा जगहा से डूबे के खबर आइल बा. सलेमपुर इलाका के नदावर घाट पर एगो लइका डूब गइल. बरहज के एगो नवही के नदी में डूबे के खबर बा. बरियारपुर के एगो आदमी घटाला गाजी के पोखरी में डूब गइल,. भटनी इलाका के शिव बनकटा में छोटकी गंडक में नहाए गइल दू गो नवहियन के डूबे के खबर बा.

जौनपुर जिला के लाइन बाजार इलाका में चुनावी रंजिश लेके भइल मारपीट आ फायरिंग में एगो मिठाई बेचे वाला के मौत होखे के खबर बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: