• बहाली आदेश मिलला में होखत देरी से नाराज शिक्षक अभ्यर्थी सोमार का दिने छपरा म्यूनिसिपैलिटी चीौक के जाम क दिहलें आ जिला परिषद गेट का सोझा आग लगा के रास्ता पूरा तरह से बंद कर दिहलें. एह लोग के बहाली आदेश देबे खातिर 3 तारीख के बोलावल रहे बाकिर दीहल नइखे जात. बाद में एह लोग के मंगल का दिने आदेश दिहला के बात कह के हटावल गइल.
  • अपना महबूबा से भेंट करे खातिर बेचैन हो के एगो आशिक अपना बिआहल माशूका के ससुरारी चहूंप गइल. दिन में आवभगत भइला का बाद रात में जब ऊ अपना प्रेमिका से मिले खातिर ओकरा कोठरी में घुसल त धरा गइल आ लोग जम के लात घूंसा से पिटाई का बाद सुलह समझौता करा के छोड़ल गइल. घटना सारण के बनियापुर इलाका के एगो गाँव के ह आ प्रेमी सिवान जिला के रहुवे.
  • मोतिहारी के मंटू शर्मा हत्या काण्ड के गवाह अब पलटी मार दिहले बा आ कहत बा कि ऊ कवनो हमलावर के देख ना सकल त चिह्ने के सवाले कहाँ बा. बाकिर ओह घरी के पुलिस अधीक्षक ओकरा के हत्या में फँसावे के धमकी दे के बयान दिलवा दिहलें.
  • सिवान के भाजपा सांसद ओमप्रकाश यादव के प्रेस प्रवक्ता श्रीकांत भारतीय के हत्या में शामिल यूपी के मऊ जिला के अपराधी चवन्नी सिंह के गिरफ्तारी का बाद उमेद जागल बा कि एह हत्या के पर्दाफाश हो जाई अब. एह हत्या में लाइनर बनल उपेन्द्र पहिलहीं से जेल में बावे. लोग बेसब्री से तिकवत बा कि कवना आदमी के नाम हत्या करावे वाला का रूप में सोझा आवत बा,
  • सिवान जिला के पुरुषोत्तम मुड़ा गांव के एगो औरत घरेलू कलह से आजिज आ के अपना दू गो बेटियन संगे आग लगा के जान देबे के कोशिश कइलसि. दुनू बच्चियन के त मौत हो गइल बाकिर ऊ औरत के गंभीराह हालत में सिसवन रेफरल हास्पीटल से सिवान सदर अस्पताल रेफर कर दीहल बा.
  • सोमार का दिने किलाबंदी क के छपरा जंक्शन पर टिकट चेकिंग अभियान चलावल गइल आ पाँच सौ बेटिकट लोग धराइल. एह लोग से सवा दू लाख रुपिया जुरमाना में वसूलल गइल.
  • पूर्णिया जिला के बस कंपनी पवन ट्रेवल्स के मालिक पुनीत चौधरी के अपहरण क के ओकर हत्या कर देबे का आरोप में मरंगा इलाका के नीरज यादव आ ओकर एगो सहयोगी के लोग चहेट के धर लीहल आ पुलिस के दे दीहल.
  • चंदौली में जनमल प्रो. काशीनाथ सिंह के उत्तर प्रदेश हिन्दी संस्थान का तरफ से भारत भारती सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा. वाराणसी के कवनो साहित्यकार के एगो लमहर अरसा बाद हिन्दी संस्थान का तरफ से सम्मानित कइल गइल बा. एकरा पहिले सम्मानित भइल डा. नामवर सिंह आ डा. केदारनाथ सिंह के जब सम्मानित कइल रहे तबले ऊ लोग वाराणसी छोड़ चुकल रहुवे.
  • बलिया शहर में मेनरोड पर सड़क कब्जा क के दुकानदारी चलावे वाला लोग अब पेड़ के बहाना ले के सड़क चौड़ा करे के अभियान रोके का फेर में बाड़ें. अलग बात बा कि एह बीच दर्जनो पेड़ उखाड़ल जा चुकल बा आ सड़क के चौड़ा करे के बाधा हट गइल बा.
  • गाजीपुर के डारीडींह गाँव में एगो आदमी अपना मेहरारू के सोमार सबेरे टांगी से काट के मुआ दिहलसि आ पड़ोस के एगो बुढ़िया के घवाहिल क के भाग गइल.
  • आजमगढ़ जिला के संजरपुर गाँव के एगो नवही कांवर ले के दु्र्वासा धाम पर जल चढ़ावे आइल रहुवे बाकिर नहात घरी तमसा मंजूषा के संगम पर डूब गइल.
  • अपना 25 गो बवाली सांसदन के निलंबन से नाराज सोनिया गाँधी अपना बेटा राहुल गाँधी संगे संसद के बाहर प्रदर्शन कइली. एह लोग का संगे पीएम रह चुकल मनमोहन सिंह आ कांग्रेस के सांसदो शामिल रहलें प्रदर्शन में. सोनिया आ राहुल के त ना बाकिर कम से कम मनमोहन सिंह के लाज लागे के चाहत रहे अपना एह हरकत पर.
  • भारर सरकार के सूचना मंत्रालय अब रेलगाड़ियन में भीख माँगे वालन के गवनई के ट्रेनिंग दे के सरकारी योजनन के प्रचार कइल सिखावल जाई आ बाद में ई लोग रेलगाड़ियन में घूम घूम के सरकार के गुणगान कइल करी. सरकार एकरा बदले एह लोग के भुगतानो करी आ एह लोग के भीख मांगे के जरूरत ना पड़ी.
  • यूपी के बागपत में एगो कैंटर कांवड़ियन के कचारत निकल भागल जवना से चार गो कांवड़ियन के मौत हो गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइलें. छह जने के हालत बहुते खराब बा,
  • आस निरास करत रिजर्व बैंक आजु मंगल का दिने जारी अपना समीक्षा रपट में ब्याज दर में कवनो फेर बदल ना कइलसि. लोग के उमेद रहुवे कि ब्याज दर में कुछ कटौती होखी बाकिर रिजर्व बैंक प्रमुख रघुराम राजन के कहना बा कि महंगाई के खतरा अबहीं बरकरार बा एहसे बेसी छूट ना दीहल जा सके.
  • काल्हु फ्रांस मे भइल हाॅकी मैच में भारत दू गोल से फ्रांस के हरा दिहलसि. ओने उधर तेहरान में भारतीय पुरुष टीम 18वीं एशियाई सीनियर वॉलीबॉल प्रतियोगिता में श्रीलंका के हरवले बावे. खेल से जुड़ल तिसर खबर बा कि भारत के जिमनास्ट दीपा कर्माकर हिरोशिमा में चलत छठवीं एशियाई सीनियर जिमनास्टिक चैम्पियनशिप में कांस्य पदक हासिल कइले बाड़ी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d