ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के पति प्रिन्स फिलिप के मौत काल्हु 99 बरीस का उमिर में हो गइल. एलिजाबेथ से उनुकर बियाह 1947 में तब भइल रहुवे जब ऊ महारानी ना बनल रहली. ब्रिटेन का इतिहास में सबले अधिका समय ले कवनो महारानी के कन्सॉर्ट रहल प्रिंन्स फिलिप चार बरीस पहिले 2017 में सार्वजनिक जीबन से अवकाश ले लिहलें रहलें.

राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघचालक डॉ. मोहन भागव कोरोना वायरस छूताह भइला का बाद नागपुर किंग्सवे अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें. उनुका अबहीं हल्के लक्षण बा कोविड के बाकिर एहतियातन उनुका के अस्पताल में भरती कइल गइल बा. जानत त रउरो होखब कि राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ दुनिया के सबले बड़हन गैर सरकारी संगठन हउवे. काल्हु का दिने लगातार तिसरका दिने कोरोना के एक लाख से अधिका नया मरीजन चिन्हइलें. काल्हू के गिनिती करीब 1 लाख 32 हजार के रहल. काल्हु कोरोना से 780 सरीजन के मौत हो गइल. अब देश में करीब 9 लाख 80 हजार मरीज हो गइल बाड़ें कोरोना के.

दक्षिण कश्मीर के शोपियां आ कुपवाड़ा जिलन में शुक का सबेरे भइल अलग-अलग मुठभेड़न में सुरक्षा बल अंसार गजवात उल हिंद के मुखिया इम्तियाज शाह समेत सात गो आतंकवादियन के मार गिरवलें. एह मुठभेड़ में तीन गो सुरक्षाबल जवान घवाहिल हो गइलें. एहतियातन शोपियां आ पुलवामा में मोबाइल इंटरनेट सेवा बंद क दीहल गइल बा.

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस के मलिकाइन ममता बनर्जी के बड़बोली का खिलाफ चुनाव आयोग कई गो नोटिस जारी क चुकल बा बाकिर अपना हार के अनेसा से बेकाबू हो चुकल ममता सुने के तइयार नइखी. फेरु कहली कि ऊ केंद्रीय सुरक्षा बलन के दखलंदाजी का खिलाफ बोलल बन्द ना करीहें.

बैंकिंग आ वित्तीय कंपनियन का साथ ही रिलायंस इंडस्ट्रीज जइसन बड़की कंपनियन के शेयर बिकवाली का दबाव का चलते शुक का दिने शेयर बाजार में गिरावट भइल. सेंसेक्स 155 अंक गिर के त निफ्टी 39 अंक गिर के बंद भइली सँ.

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक का दिने वाराणसी आइल रहलें. एहता ऊ श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में दर्शन-पूजन कइलें. जान जाईं कि ज्ञानवापी ढाँचा के पुरातात्विक सर्वेक्षण के अदालती आदेश का बाद श्री काशी विश्वनाथ मंदिर चरचा में बा. मुस्लिम राजनेता आ चरमपंथियन का चलते एक बेर फेरु देश के माहौल गड़बड़ाए के खतरा बन गइल बा. ई लोग अदालत के आदेश माने के तइयान नइखन बाकिर सगरी सहूलियत जरुरे मिले के चाहीं इनका. एही बीच खबर आइल बा कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पर बेहूदा टिप्पणी करे वाला एगो कांग्रेसी नेता हरीश मिश्रा के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

बक्सर जिला में दानापुर-पंडित दीनदयाल रेलखंड के रघुनाथपुर टीसन पर शुक का दिने एगो नवही के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल.

मिर्जापुर के लालगंज इलाका के बरौधा बाजार में काल्हु शुक का दिने एगो बियाहल नवहिन फँसरा लगा के जान दे दिहलसि. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया. जिला में काल्हु शुक का दिने आइल आंधी-तूफान का दौरान ठनका गिरला से एगो औरत के मौत हो गइल आ ओकर दू गो बेटिओ झँउस गइल बाड़ी स.

सारण जिला के दरियापुर इलाका में रूचिड़ा गांव के एगो आदमी के लाश पड़ोसी गाँव के एगो आदमी के खेत में जानवर के घुसे से रोके खातिर लगावल गइल बिजली तार के बाड़ का लगे खेत में पड़ल मिलल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा नगर इलाका में चार दिन पहिले डूबल दू गो लइकन में से एगो के लाथ शुक का दिने उपराइल मिल गइल बाकिर दुसरका के अबहीं ले पता नइखे चलल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: