- सिवान जिला के दरौंदा थाना के हड़सर गाँव से तीन दिन से लापता पांच बरीस के लड़िका के लाश पुअरा में लुकावल मिलल. केहू ओकर हत्या क के पुअरा में दबा दिहले रहुवे. काल्हु बदबू होखे लागल तब लाश निकालल गइल.
- 18 अगस्त का दिने पीएम मोदी पटना बक्सर फोर लेन सड़क के शिलान्यास करीहें आ सोन नदी पर कोइलवर पुल आ भागलपुर बाइपासो के शिलान्यास करीहें.
- गोपालगंज के मांझा इलाका के पथरा गांव में बुध के रात में एगो औरत के छुरा मार के हत्या कर दीहल गइल आ लाश उठा के पथरा स्कूल के छत पर फेंक दीहल गइल. बियफे का दिने लाश देख के पुलिस के खबर कइल गइल. लागत बा कि ओकरा से कुकर्म कइला का बाद ओकर हत्या क दीहल बा. ऊ औरत झझवां गांव के बतावल जात बिया.
- बिहार के दस गो डाक्टर किहां आयकर के छापा का बाद नाहियो त डेढ़ सौ करोड़ रुपिया के नाजायज संपति के पता चलल बा बाकिर आयकर विभाग कुछ बतावत नइखे. एह डाक्टर लोग के बैंक खाता आ लाकर सील कर दीहल गइल बा. एह डाक्टरन में पटना के डॉ. अनुज कुमार सिंह, डॉ. अशोक कुमार सिंह आ डॉ. राजन चौधरी, समस्तीपुर के डॉ. रति रंजन झा, डॉ. एमपी शर्मा आ डॉ. महेश ठाकुर, सिवान के डॉ. मोनतजिउर, मुजफ्फरपुर के डॉ. रामगोपाल जैन, मोतिहारी के डॉ. आशुतोष शरण आ सीतामढ़ी के डॉ. वरुण कुमार के नाम बा.
- दिनदहाड़े छपरा में भइल लूट में भगवान बाजार के भीड़ वाला इलाका में एगो कर्मचारी से झोरा में राखल दू लाख पैंसठ हजार रुपिया छीन लीहल गइल. लुटेरन के जानकारी अधिका के रहुवे काहे कि ऊ आदमी बैंक से 12 लाख 65 हजार रुपिया निकलले रहुवे बाकिर दस लाख बैंके में मौजूद ओह आदमी के दे दिहले रहुवे जेकरा खातिर रुपिया निकालल गइल रहे. एहसे ऊ दस लाख बाँच गइल लुटाए से.
- बेतिया शहर के किशन होटल में बियफे का भोर में 58 बरीस उमिर के बैंक ऑडिटर भरत साह के लाश मिलल. छपरा के रहे वाला भरत साह सेंट्रल बैंक ऑफ इंडिया के अहवर शेख शाखा के ऑडिट करे आइल रहुवन. पुलिस होटल के कमरा सील क के जाँच करे में लागल बिया बाकिर अबहीं ले कवनो सुराग नइखे भेंटाइल.
- झारखंड के सराइकेला ज़िला में सड़क हादसा में 13 गो काँवड़ियों के मरे के खबर बा. 11 लोग घवाहिल भइल बा. ई लोग सिवान के रहुवे.
- भाजपा नेतृत्व के प्लान बिहार चुनाव ले हमलावर अंदाज बनवले राखे के बा. काहे कि नरमाइल लउकला पर बिहार चुनाव में नुकसान उठावे के पड़ सकेला.
- भाजपा सांसद आर.के. सिंह काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से मुलाकात क के भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के निहोरा कइलन. कहलन कि ई मुद्दा बिहार के जनभावना से जुड़ल बा.
- जेनरल टिकट राखे वाला लोग अब महज पन्द्रह रुपिया दे के पटना से खुले वाली पाँच गो गाड़ियन के स्लीपर कोच में बइठ के यात्रा कर सकीहें. एह गाड़ियन में राजरानी एक्सप्रेस, पटना-धनबाद इंटरसिटी एक्सप्रेस, पटना-सहरसा इंटरसिटी एक्सप्रेस, भभुआ इंटरसिटी आ पटना-इस्लामपुर इंटरसिटी एक्सप्रेस शामिल बा.
- गोरखपुर के बी.आर.डी. मेडिकल कॉलेज अस्पताल में इंसेफेलाइटिस से एह साल अबहीं ले सौ से अधिका मरीजन के मौत हो चुकल बा.
- आठ बरीस पहिले बलिया जिला के सोहांव से सेंट्रल बैंक के शाखा दोसर जगह ले जाए के विरोध करे वाला लोग पर मुकदमा लाद दिआइल रहुवे. काल्हु ओह मुकदमा से 42 गो लोग के आरोप मुक्त कर दिहलसि अदालत काहे कि ओह लोग का खिलाफ कवनो सबूत ना मिलल.
- हत्या के आरोपी रहल डा. अनिल यादव के यूपी लोकसेवा आयोग अध्यक्ष बनवला पर हाई कोर्ट के पूछल सवाल पर यूपी सरकार के कहना बा कि एह तरह के मुकदमा त अइसहीं दाखिल होत रहेला एहसे एह पर धियान दिहला के जरूरत नइखे. बाकिर अदालत सरकार से सगरी मुकदमन के पूरा जानकारी मंगले बिया.
- बलिया के कुछ लोग बिना नंबर के गाड़ी चलावल आपन शान समुझेलें. अब ओह लोग के शान पर धब्बा लगावे खातिर बलिया सीओ आदेश दिहले बाड़न कि बिना नंबर वाली सगरी गाड़ी सीज कर लीहल जाव. अगर कुछ दिन बाद अइसन गाड़ी मिली त ओह थाना के थानेदार नपा जइहें.
- बलिया जिला अस्पताल के फार्मासिस्ट लोग बियफे का दिने आपन काम बंद करे के सोचते रहे कि प्रशासन पुलिस बल भेज के अस्पताल के हालात सम्हार लिहलसि आ काम शुरु हो गइल.
- बिल्थरा रोड में दलित नवही नीरज के हत्या का मामिला मेंं दू गो अउरी आरोपी एजाज आ आमिर पुलिस का हाथे लाग गइले. आठ गो आरोपियन में से पाँच गो धरा गइल बाड़न सँ आ तीन गो अबहियों फरार बाड़न सँ.
- आजमगढ़ के किशुनदेवपुर गाँव के एगो आदमी के दामाद ओकरा बेटा के नौकरी धरावे का नाम पर पाँच लाख रुपिया वसूल लिहलसि आ नौकरी ना लगला का बाद रुपिया मंगला पर बीबी के छोड़ देबे के धमकी देत बा. पुलिस में अंबेडकर नगर जिला के एह आदमी का खिलाफ मुकदमा लिका गइल बा,
- जौनपुर के जलालपुर में वसूली करत एगो किन्नर के ओहिजा के किन्नर धर लिहले आ एहो हजाम बोला के ओकर माथ मुड़वा दिहले सँ. बाद में पुलिस में मामिला गइल त पुलिस के डर से ऊ हजाम फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. अब दू गो पुलिस वालन के खिलाफ मुकदमा दर्ज हो गइल बा खुदकुशी खातिर उकसावे के.
- लखनऊ के गोमती नगर में एगो फर्जी विश्वविद्यालय सामने आइल बा जवन इंटरनेशनल नानओलंपिक यूनिवर्सिटी का नाम से चलावल जात बा. यूपी में एह घरी अनेके फर्जी यूनिवर्सटी चलत बाड़ी सँ जवना में वाराणसेय संस्कृत विवि (जगतपुरा,दिल्ली), महिला ग्राम विद्यापीठ (प्रयाग, इलाहाबाद), गाँधी हिन्दी विद्यापीठ (प्रयाग, इलाहाबाद), नेशनल यूनिवर्सिटी आफ इलेक्ट्रो काम्प्लेक्स (कानपुर), नेताजी सुभाषचंद्र बोस ओपन यूनिवर्सिटी (अचलताल, अलीगढ़), उत्तरप्रदेश विवि (कोसी कलां,मथुरा), महाराणा प्रताप शिक्षानिकेतन विवि (प्रतापगढ़), इंद्रप्रस्थ शिक्षा परिषद (नोएडा), आ गुरुकुल विवि (वृन्दावन, मथुरा) के नाम शामिल बा.
- तीन लाख तक के फसल ऋण पर ब्याज में दू रुपिया सैकड़ा के कमी करे के कहले बावे भारतीय रिजर्व बैंक. जवन सरकारी भा निजी बैंक किसानन के सालाना सात प्रतिशत ब्याज पर फसल ऋण दीहें उनुका के दू प्रतिशत ब्याज अनुदान दीहल जाई.
- शिवसेना के कहना बा कि राहुल गाँधी के दूध के दाँत अबहीं गिरल नइखे एहीसे उनकर सियासी बचपना गइल नइखे.