देश आजु लाल बहादुर शास्त्री आ राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के जयंती मनावत बा. बाकिर हमेशा का तरह अबकियो बेर गांधी के नाम का आगे शास्त्री के नाम दब जात बा. नेहरु खानदान कबो दोसरा के नाम आगे आवही ना दीहल. आजु प्रधानोमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के समाधि पर ना गइलन. काहे कि सरकार नीति बना लिहले बिया कि कवनो नेता के जनमदिन भा पुण्यतिथि पर कवनो सरकारी आयोजन ना कइल जाई.
- सारण जिला के डोरीगंज इलाका के दफ्दरपुर निवासी चिकित्सक डा. हरेराम प्रसाद के छह बरीस के पोता नैतिक कुमार के लाश बियफे का दिने घर का लगहीं के इनार में मिलल का बाद गांव में रोआरोहट मच गइल. लोग डोरीगंज बाजार बन्द करा दीहल. लड़िका पिछला दू दिन से गायब रहुवे आ थाना में किडनैप के अनेसा लिखा दीहल रहुवे. अब लाश के पोस्टमार्टम का बादे पता चल पाई कि मौत के कारण का रहुवे.
- सारण जिला के दाउदपुर के एगो ट्रक चालक के वर्धमान में सड़क हादसा में मौत हो गइल. दाउदपुर के सिसवां गांव के परमात्मा साह के चालीस बरीस के बेटा अरविंद साह आसनसोल से पत्थर लोड ट्रक लेके हावड़ा जात रहुवे कि बीच वर्धमान के बुदबुद चट्टी का नियरा दोसरा ट्रक से टकरा गइल आ ओकर मौत हो गइल.
- संयुक्त राष्ट्र में विदेश मंत्री सुषमा स्वराज कहली कि भारत पाकिस्तान से बतियावे ला तइयार बा बाकिर आतंक खतम होखला बिना बात ना हो पाई. कहली कि आजुओ 2008 के मुंबई आतंकी हमला के साजिश करे वाला पाकिस्तान में आजाद घूमत बा.
- निर्वाचन आयोग का तरफ से राजद के लालू प्रसाद आ भाजपा के सुशील मोदी का खिलाफ आदर्श चुनाव संहिता के सीमा लाँघे के आरोप में केस दर्ज करावे के नोटीस जारी कइले बा. दुनू जने से छह अक्टूबर से पहिले जबाब देबे के कहल गइल बा.
- बियफे का दिने भाजपा का ओर से विधानसभा चुनाव ला विजन डाकूमेंट जारी कइल गइल जवना में साल 2022 ले सगरी भूमिहीन लोग के घर बनावे ला पाँच डिसमिल जमीन दे दीहल जाई. बेघर लोग के मकानो दीहल जाई. मैट्रिक आ इंटर परीक्षा पास करे वाला पचास हजार विद्यार्थियन के मेरिट का आधार पर लैपटॉप आ पांच हजार लड़िकियन के मेरिट पर स्कूटी दीहल जाई आ सगरी दलित आ महादलित स्कूलन में एकहएक गो रंगीन टीवीओ लगावल जाई.
- प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शुक का दिने झारखंड के खूंटी में सौर ऊर्जा इकाई के उद्घाटन करीहें. खूंटी जिला न्यायालय परिसर में लगावल गइल 180 किलोवाट के ई संयंत्र देश में अपना तरह के पहिलका होखी. एकर आधा बिजली अदालत के आ बाकी आधा जिला समाहर्णालय के दीहल जाई. शुके का दिने दुमका में मुद्रा ऋण योजना के तहत एक लाख छोटका उद्यमियन का बीच 212 करोड़ रुपिया के करजा बँटीहे पीएम मोदी. एक लाख गरीब परिवारन के मुफ्त रसोईगैस कनेक्शन देबे के योजनो के शुरुआत करीहें.
- शुके का दिने प्रधानमंत्री बिहार के बांका चुनावी रैली क के भाजपा के चुनाव प्रचार के शुरुआत करीहें. अधिसूचना जारी भइला का बाद ई उनुकर पहिलका सभा होखी.
- केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा अधिनियम के तहत 2015 के मिड डे मील योजना के नया नियम जारी कइले बिया जवना में दोपहर भोजन खातिर धन ना रहला बा दोसरा मद के धन के अस्थायी इस्तेमाल कइल जा सकी आ अगर भोजन ना दीहल जा सके त लाभार्थियन के खाद्य सुरक्षा भत्ता दीहल जाई. राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा अधिनियम के तहत डिजिटाइज्ड राशन कार्ड बांटे के पहिला चरण के शुरुआत शुक का दिने ओड़िशा के 14 जिला में शुरू कइल जाई. मुख्यमंत्री नवीन पटनायक भुबनेश्वर में एकर शुरूआत करीहें.
- भारत आ दक्खिन अफ्रीका के बीच तीन गो बीसबीसा मैचन के सीरिज के पहिलका मैच आजु धर्मशाला में खेलल जाई. एकरा अलावे दुनू देश पाँच गो एकदिना आ चार गो टेस्टो मैच खेलीहें.
- भारत के सानिया मिर्जा आ स्विट्जरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी वुहान ओपन डब्ल्यूटीए टेनिस टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा.
- विधान सभा चुनाव के दूसरका दौर के परचा वापसी के समय सीमा बीतला का बाद कुल 458 गो उमीदवार रह गइल बाड़ें. एह दौर के खास प्रत्याशियन में मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी, मंत्री रहल प्रेम कुमार, विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी, मंत्री जयकुमार सिंह, भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष रहल गोपाल नारायण सिंह, मंत्री रहल रामाधार सिंह, मंत्री विनोद कुमार यादव, जीतन राम मांझी के बेटा संतोष कुमार आ कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल प्रो0 रामजतन सिन्हा नाम शामिल बा.
- विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के अधिसूचना काल्हु बियफे का दिने जारी क दीहल गइल आ एह दौर के पचास गो सीट ला परचा दाखिल करे के काम शुरु हो गइल बा. तिसरका दौर में सारण, भोजपुर, बक्सर, पटना, नालंदा आ वैशाली जिला के चुनाव होखी. परचा दाखिल करे के काम 8 अक्टूबर ले कइल जा सकी आ 9 अक्टूबर के जाँच का बाद 12 अक्टूबर ले नाम वापिस लीहल जा सकी.
- बेतिया में जांच अभियान के दौरान पुलिस तीन लाख जाली नोट का साथे दू गो औरतन के गिरफ्तार कइले बिया.
- केन्द्रीय संचार आ प्रौद्यौगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद काल्हु बियफे का दिने गोरखपुर में महंत अवैद्यनाथ पर पांच रूपिया वाला डाक टिकट जारी कइलन. गोरक्षनाथ मंदिर में आयोजित ब्रम्हलीन महंत दिग्विजयनाथ आ महंत अवैद्यनाथ के पुण्यतिथि पर आयोजित कार्यक्रम में ई डाकटिकट जारी भइल. महंत अवैद्यनाथ रामजन्म भूमि मंदिर के प्रणेता रहलन.
- उत्तर प्रदेश के मुख्य मंत्री केन्द्र के भाजपा सरकार के चुनौती देखत कहलन कि पिंक रिवाल्यूशन के बात कह के जन समर्थन बटोरे वाली सरकार गोमांस के कारोबार पर रोक काहे नइखे लगा देत. कहलन कि अफवाहन में कुछ ना होखे बाकिर अफवाहन से बहुत कुछ हो जाला जइसे कि दादरी भइल.
- अमेरिका के ओरेगन राज्य में 20 बरीस के एगो बंदूकधारी एगो कॉलेज पर अंधाधुंध गोलीबारी क के नाहियो त तेरह लोग के जान ले लिहलसि आ बीस जने के घवाहिल क दिहले बा. एह काॅलेज में तीन हजार विद्यार्थी पढ़ेलें.
- विदेश के कवनो अनाम जगहा अनाम काम क के कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी भारत लवट आइल बाड़न. राहुल के एस्पेन के एगो कार्यक्रम में श्रोता रहे के बात बतावल गइल रहुवे बाकिर कांग्रेस के विदेशी काम देखे वाला जब एह बात के गलत बतवलन त उनुके के हटा दीहल गइल.
- करिया कमाई वाला धन के खुलासा करे के आखिरी दिन काल्हु 30 सितंबर के पूरा हो गइल. बाकिर एह दिन ले महज 638 लोग आपन 3770 करोड़ के करिया धन के खुलासा कइल जबकि देश के करिया धन 84लाख करोड़ होखे के दावा कइल जाला.