• SatishTripathi-ViBhojदेवरिया जिला के भागलपुर में बियफे का दिने भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय कार्यकारिणी का बैठक में ओकर अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी अपना पद से इस्तीफा देबे के मनसा जतवलन बाकिर संगठन पर पूरा नियन्त्रण राखे वाला अरुणेश नीरन सभका के पहिलहीं बता दिहले रहलन कि इनकर इस्तीफा नइखे सकारे के. कुछ सदस्य लोग के कहना रहल कि संगठन के जानकारी कबो सब लोग के ना दिआव आ कुछेक लोग के बोलवा के आपन मनमाफिक फैसला ले लीहल जाला. संगठन में सदस्यन के राय के तवज्जो ना दीहल जाला आ एके आदमी अपना मनमाफिक फैसला पर हामी भरवा लेला. शायद एही चलते कबो बहुते प्रभावशाली रहल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अब कतहीं कवनो पूछ नइखे होखत. कुछ लोग सम्मेलन के इस्तेमाल आपन निजी हनक बढ़ावे खातिर करत आइल बा आ करत रहत बा.
  • पटना हाई कोर्ट बियफे का दिने फैसला सुनवलसि कि अनुसूचित जाति आ जनजाति वालन के परिणामी वरीयता के लाभ ना दिहल जा सके काहे कि एह लोग के बहालिए का बेरा 17 फीसदी आरक्षण दे दिआला. अब राज्य सरकार एह फैसला का बाद सुप्रीम कोर्ट में अपील करे के सोचले बिया.
  • बियफे का दिने आरा जेल में छापा मार के प्रशासन ब्राउन सुगर आ नगदी बरामद कइलसि. आरा बम विस्फोट कांड के आरोपी लंबू शर्मा के वार्ड पर पड़ल छापा में ओकरा लगे से 5100 रुपिया, एगो मोबाइल आ दूगो सिम मिलल. बाकी जेल से 6 गो माोबाइल, 7 गो चार्जर, 5 गो सिम, 5 पुड़िया ब्राउन सुगर आ अउरीओ सामान मिलली सँ.
  • जगदम काॅलेज छपरा में पिछला कुछ दिन से चलत बवाल बियफहु का दिने जारी रहल. काल्हु बियफे के त पुलिस के लाठी चार्जो करे के पड़ल. एह लाठी चार्ज में काॅलेज कर्मचारी संघ के अध्यक्ष तेजनारायण सिंह घवाहिल हो गइलें. बाद में लड़िका सब मौर्य एक्सप्रेस रोक दिहलें, आ सड़क पर जात अनेके गाड़ियन के तोड़ फोड़ दिहलें.
  • बिहार सरकार अब नियोजित शिक्षकन के सरकारी कर्मचारी के दर्जा दे दिहलसि जवना से चार लाख से अधिका गिनिती वाला एह शिक्षकन के बहुते तरह के फायदा होखी. एगो दोसर फैसला में डाक्टर लोग के रिटायरमेंट के उमिर 65 बरीस से बढ़ा के 67 बरीस करे के फैसला लीहल गइल बा.
  • ट्रेन का छत पर चढ़ के यात्रा करत सिवान जिला के असांव गाँव के एगो नवही बिजली के तार से सटला का बाद बहुते झँउस गइल. ओकरा के बेहोशी हालत में इॢलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा.
  • सारण जिला के दाउदपुर इलाका के जैतपुर गाँव से एगो आदमी के गाय चोरा के ले जात चोर के लोग ध लीहल आ धून के राख दीहल. पुलिस ओकरा के गिरफ्तार क के पूछताछ करत बिया. ओकरा संगे के दू गो चोर ओकरा के धराइल देख के परा गइले सँ.
  • सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के टेहटी बिंदटोली में आपसी झगड़ा में छोट भाई अपना बड़ भाई के दाब से काट के हत्या क दिहलसि.
  • बिहार सरकार राज्य में बने जात नयका कृषि काॅलेज के नाम डॉ कलाम के नाम पर राखे के फैसला कइले बिया. राज्य में एगो साइंस सिटी बनावल जाई आ ओकरो नाम कलामे साहब पर राखल जाई.
  • बलिया जिला के फेफना इलाका के मुबारकपुर गाँव में एगो गुमटी में लागल आग से दू गो बचवा झँउस के मर गइले सँ जबकि ओहनी के महतारी के गंभीर हालत में अस्पताल में इलाज चल बा. आग कइसे लागल एह बारे में विरोधाभासी बयान आवत बा.
  • चंदौली जिला के बबुरी इलाका के चुरमुली गाँव में एगो स्कूल के दीवाल गिरला का चलते तीसरा में पढ़ेवाली एगो छात्रा दबा के मर गइल.
  • जौनपुर के चंदवक इलाका में एगो पशु व्यवसायी के हत्या क के ओकर लाश गोमती पुल से नीचे नदी में फेंकल मिलल बा. वाराणसी के चोलापुर के रहे वाला रहुवे ई व्यवसायी.
  • नेताजी के मौत अब शायद हमेशा ला रहस्ये में रह जाई. कांग्रेस के सरकार का रहते एह बारे में कवनो दस्तावेज जारी होखे के कबो उमेद ना रहुवे आ अब मोदी सरकार बन गइला का बाद पता चलल बा कि दस्तावेजन के कवनो अते पता नइखे. अब या त एह दस्तावेजन के हमेशा हमेशा ला गायब करा दीहल बा भा रखरखाव का कमी का चलते ओकरा के चूहा खा गइल होखीेहें. बियफे का दिने दिल्ली में एगो कार्यक्रम में बोललन कि सरकार का लगे ई दस्तावेज हइए नइखे. हो सकेला कि चुहा खा गइल होखऽ सँ.
  • सत्ता से बेदखल हो चुकला का बादो कांग्रेस जनता के नब्ज पकड़े के चाहते नइखे. ओकर जिद्द बा कि सरकार के कामे ना करे दी. एह चलते देश के साख खराब होखे त होखो ऊ जरूरी विधेयक पासे ना होखे दी. संसद में होखत बवाल सम्हारे ला सगरी गोल के बइठक बोलवला का बादो स्पीकर सुमित्रा महाजन के कवनो राहत ना मिलल. कांग्रेसी नेता खड़गे के कहना बा कि ई सरकार के जिम्मा होला कि संसद कइसे चलावे.
  • सत्ता से बाहर हो चुकल कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल गाँधी डूबते को तिनका का सहारा वाला कहाउत के सही करत मुद्दा का तलाश में भटकत बाड़े, कबो एह मुद्दा पर त कबो ओह मुद्दा से जुड़े चहुँप जात बाड़न. आजु ऊ पूणे के फिल्म इंस्टीच्यूट जा के ओहिजा के विद्यार्थियन के मुद्दा से जुड़े के कोशिश करीहें. राजनीति का मैदान में खानदान के पैराशूट से उतरे वाला नेतन के अइसने हाल होला.
  • सरकार संसद के बतवले बिया कि एक हजार करोड़ से अधिका के आयकर बाकी राखे वाला लोगन में से 17 जने पर नाहियो त सवा दू लाख करोड़ रुपिया बकाया बा. एह लोग के बिना हिचकचााहट सरकार के दामाद कहल जा सकेला काहे कि एह लोग से टैक्स वसूल करे में तनिको तेजी ना देखल गइल पिछला सरकार में. अब देखे जोग होखी कि नयका सरकार एह दामादन संगे का करत बिया!

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: