पंजाब आ गोआ में विधानसभा चुनाव ला प्रचार के काम आजु बियफे के साँझे खतम हो गइल. एह दूनू राज्यन में परसों 4 फरवरी के वोट डालल जाई.
गोपालगंज जिला के दशम अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत 18 बरीस पुरान हत्या के मामिला के सुनवाई करत केस डायरी पेश ना भइला से पुलिस अधीक्षक आ विजयीपुर थानाध्यक्ष पर एक-एक हजार रुपिया के जुर्माना के आदेश दे दिहलसि. जुर्माना अगर फरवरी ले ना भराइल त ओह लोग के तनखाह से काट लेबे के आदेशो दिहले बिया.
मिर्जापुर के चुनार इलाका में बल्लीपुर गांव के एगो मरद मेहरारु अपना बच्चा के साथे ले के मोटरसाइकिल से बाजार जात रहलें जब मिर्जापुर ओर से आवत एगो ट्रक वाराणसी- मिर्जापुर रोड पर दुर्गाजी मोड़ का नियरा उनुका मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि. एह हादसा में महतारी बाप घवाहिल हो गइलें आ चक्का का नीचे आ गइल बचवा के कचरा के मौत हो गउवे.
चंपारण के एगो आदमी अवध एक्सप्रेस से सूरत से गोरखपुर आवत रहलन. बीचे राह में तबियत खराब होखे लागल आ दरवाजा प उल्टी करे का फेर में नीचे गिर पड़ल. संगे चलत भाई आ भतीजा ट्रेन रोके के कोशिश कइलन बाकि रोक ना पवले त मध्य प्रदेश के बामनिया टीसन प उतर के मेघनगर जीआरपी के एह हादसा के खबर दिहलें. एकरा बाद रेल पुलिस लाश के दोसरा ट्रेन से मेघनगर ले अइलें. रेल पुलिस एह मामिला के हर पहलू से तफतीश करत बिया.
सारण जिला के उमधा गांव का नियरा राष्ट्रीय उच्च पथ 101 किनारे पढ़ल एगो नवही के लाश देखि के लोग पुलिस के खबर दीहल. पुलिस आ के लाश ला गइल. लाश प गोली लगला के निशान रहुवे,
भदोही के शहर कोतवाली इलाका के भदोही-सुरियावां सड़क प सूर्या बालिका इण्टर कॉलेज का नियरा सड़क किनारे एगो नवही के लाश पड़ल मिलल, सबेरे घूमे निकलल लोग लाश के जानकारी पुलिस के दीहल त पुलिस चहुँप के लाश के कब्जा में लिहलसि.