आजु यूपी सरकार के मंत्रियन का बीच विभागन के बँटवारा क दीहल गइल. गृह मंत्रालय मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना लगे रखले बाड़न. पूरा सूची योगी मंत्रिमंडल पन्ना प देख सकीलें.

सीएम योगी राज्य प्रशासन के सख्त निर्देश जारी कइले बाड़न कि कवनो हालत में गऊ तस्करी बरदाश्त ना कइल जाई. राज्य में चलत सगरी नाजायज बूचड़खाना बन्द करा देबे के बा. गुण्डा मवालियन प कड़ा नजर राखल जाव. साथ ही वीवीआईपी लोगन के दीहल जा रहल सुरक्षा के समीक्षा क के समुचित बदलाव कइल जाय. सरकारी कार्यालय आ संस्थानन में पान गुटखा खाए प पाबंदी लगा दीहल गइल बा.

यूपी विधानसभा स्पीकर के चुनाव 30 मार्च के होखे के उमेद बा. 28 आ 29 तारीख के विधायक लोगन के किरिया धरावे के काम होखी. एह सब ला राज्यपाल से तीन दिन के सत्र बोलावे के कहल गइल बा.

अयोध्या में राम जनम भूमि प बनावत ढाँचा गिरावे का मामिला के सुनवाई आजु सुप्रीम कोर्ट में एक दिन ला टार दीहल गइल. अब एकर सुनवाई काल्हु बियफे का दिने एकरा ला बनावल पीठ करी. जान जाईं कि इलाहाबाद हाई कोर्ट एह मामिला में आडवाणी समेत अनेके आरोपियन के आरोपमुक्त क दीहले बावे आ एह आदेश का खिलाफ सीबीआई सुप्रीम अदालत से गोहार लगवले बिया.

बिहार राज्य के 105वाँ स्थापना दिवस प होखत समारोह में सीएम नीतीश कुमार कहलन कि उनुकर सरकार बिहार के नशामुक्त करा देबे के किरिया खइले बिया. एह काम में सफलता ला सभकर साथ मिलल जरुरी बा.

आजु बिहार स्थापना दिवस प दू सौ शिक्षा संस्थानन में फोकटिया वाईफाई के सुविधा देबे के शुरुआत क दीहल गइल.

रेलवे अब पूरा कोशिश करी कि हर यात्री के कन्फर्म टिकट दीहल जा सके. 1ली अप्रैल से विकल्प नाम के एह योजना के शुरिआत कइल जाई. एह योजना के सकारे वाला यात्रियन के अगिला गाड़ी में आरक्षण देबे के कोशिश कइल जाई. दू तरह के गाड़ियन के भाड़ा में फरक होखला का बावजूद फरक ना त लीहल जाई ना लवटावल जाई.

लोकसभा में आजु फेरु भोजपुरी आ मगही के संवैधानिक मान्यता के माँग उठावल गइल. सांसद छेदी पासवान आ संजय कुमार सिंह शून्यकाल का दौरान भोजपुरी आ मगही के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे के मांग कइलन, बाकिर सरकार का तरफ से कवनो भरोसा आजुओ ना दीहल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d