गोरखपुर पुलिस राज्य के मंत्री रहल हरिशंकर तिवारी के घर प काल्हु छापा मारि के छह लोग के हिरासत में ले लिहलसि. एह लोग पर पिछला दिने खोराबार इलाका के एगो पेट्रेल पम्प पर भइल लाखों के लूट में शामिल रहे के आरोप बा. पुलिस पेट्रोल पंप के कैशियर समेत तीन जने के पहिलहीं गिरफ्तार क चुकल बिया. अपना विधायक विनयशंकर तिवारी के पिता हरिशंकर तिवारी का घर प छापा मारे का खिलाफ बहुजन समाज पार्टी काल्हु जिलाधिकारी कार्यालय प धरना प्रदर्शन करे के एलान कइले बिया,
जौनपुर के बरसठी इलाका के हरद्वारी गांव में एगो बिआह का तइयारी में टेंट खड़ा करत घरी टेंट के पाइप से हाईटेंशन तार छुआ गइल जवना चलते चार गो टेंटकर्मी झँउस गइलें. चारो के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
मऊ के हलधरपुर इलाका में बलिया जिला के एगो मेहरारू अपना दू बरीस के बेटा के लिहले रतनपुरा टीसन का लगे दरभंगा जात साबरमती एक्सप्रेस का सोझा कूद के जान दे दिहलसि. बेटो के मौत हो गइल बा.
देवरिया के भलुनी में आजु एगो गाड़ी से कचरा के करमटार गाँव के दूगो आदमी के मौत हो गइल जबकि आठ बरीस के एगो लइका बहुते घवाहिल हो गइल. हादसा का बाद ड्राइवर फरार हो गइल.
देवरिया सदर कोतवाली इलाका में सलेमपुर तहसील के नरौली संग्राम गाँव के लेखपाल नर्वदेश्वर मिश्र के अपने गाँव के एगो फौजी से कोरा बनावे आ अदालत में दाखिल करे खाति 15 हजार रुपिया घूस माँगे का आरोप में गिरफ्तार क लीहल गइल.
गोरखपुर के कैन्ट इलाका के विशुनपुरवा गांव के एगो मेहरारू अपना इयारन साथे मिल के अपना भतार के ईंटा से कूच के जाल ने लिहलसि. लाश फेंके ला मोटरसाइकिल से जात दू गो इयारन के लोग पकड़ के पुलिस के दे दीहल जवना बाद एह वारदात के खुलासा हो गइल.
नीति आयोग के शासकीय परिषद के बइठक आजु दिल्ली में हो रहल बा. पीएम मोदी एह बइठक के अध्यक्षता करत बानी. एह में नीति आयोग के उपाध्यक्ष अरविन्द पनगढ़ीया देश के तेज विकास के रोडमैप पेश करींहे जवना में अगिला 15 बरीस के विजन रही.
दिल्ली के तीन गो नगर निकायन ला वोटिंग के काम आजु सबेरे से शुरू हो गइल. स्थानीय चुनाव होखला का बावजूद एह पर सभकर नजर बा. काहे कि आआपा ला ई जिनिगी मौत के सवाल बा त भाजपा ला आपन इज्जति बचावे के. राजनीति के कगार प फेंकाइल कांग्रेस के कोशिश बा कि ओकर वापसी होखत लउके.
नीति आयोग के शासकीय परिषद के बइठक आजु दिल्ली में हो रहल बा. पीएम मोदी एह बइठक के अध्यक्षता करत बानी. एह में नीति आयोग के उपाध्यक्ष अरविन्द पनगढ़ीया देश के तेज विकास के रोडमैप पेश करींहे जवना में अगिला 15 बरीस के विजन रही.
गाजीपुर के करीमुद्दीनपुर इलाका के डेहमा तिराहा प काल्हु देर राति सड़क किनारे प्रतापगढ़ के एगो मजदूर के लाश मिलल. ई गाजीपुर के एगो ईंट भट्ठा प मजदूरी करत रहल.
मऊ के रानीपुर इलका के अकबरपुर चट्टी का लगे सडक पर एगो नवही के क्षत-विक्षत लाश फेंकत मिलल बा.
हिन्दू पीजी कालेज, जमानियां के छात्रसंघ उपाध्यक्ष रहल अंकित सिंह काल्हु राति कवनो काम से अपना डेरा से बड़ेसर मोड़ ओर जाए ला निकलल रहलें. बाकिर उनुका के कुछ लोग रेलवे क्रासिंग का नियरा घवाहिल देखलें. मोटरसाइकिलो डैमेज रहुवे. लोग घवाहिल अंकित के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र ले गइल जहां से उनुका के जिला अस्पताल ला रेफर क दीहल गइल. अस्पताल ले जात में राहे में उनुकर मौत हो गइल.
वाराणसी के बड़ागाँव इलाका के एगो पान दूकानदार के कुछ बदमाश देर रात कवनो धारदार हथियार से हत्या क दिहलें. हत्या के कारण अबहीं पता नइखे चलल.