अपना मन का बात कार्यक्रम में आजु पीएम नरेन्‍द्र मोदी जी कहनी कि सभकर साथ सभकर विकास के अवधारणा देशे ले सीमित ना हो के पूरा दुनिया ला काम के बात ह. कहनी कि पड़ोसी देशनो के भारत के विकास यात्रा में साथे होखे के चाही जेहसे ओहू लोग के विकास बरोबरी में हो सके. लाल बत्ती हटावे का फैसला का बारे में बचियावत पीएम के कहना रहल कि लाल बत्ती गाडिए से उतरला से काम ना चली एकरा का दिमागो से उतारल जरुरी बा. नवहियन के सलाह देत कहनी कि नया अनुभव, नया कौशल, आ नया देखे के कोशिश करे लोग.

तुर्की के राष्ट्रपति रजप तैयिप अर्दोआन दू दिन के भारत यात्रा पर आजु सँझिया  नई दिल्ली पहुंचलन. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से उनकर प्रतिनिधिमंडल स्तर के बातचीत कहोखे वाला बा जवना का बाद कुछ समझौतो प दस्तखत होखी.

मलेशिया के इपोह में होखत 26वां सुल्‍तान अजलान शाह कप हॉकी टूर्नामेंट में भारत आजु अपना दिसरका मैच में न्‍यूजीलैंड के 3-0 से हरा दिहलसि. दोसरा मैचन में  ब्रिटेन जापान का पांच-तीन से आ ऑस्‍ट्रेलिया मेजबान मलेशिया के 6-1 से हरवलसि.

आई पी एल क्रिकेट टूर्नामेंट में आजु मोहाली में भइल मैच में मेजबान किंग्‍स इलेवन पंजाब डेल्‍ही डेयरडेविल्‍स के दस विकेट से हरा दिहलसु.

बिहार में आजु उपरि बेरा आइल बरखा आन्ही का साथे कुछेक जगहा बनौरियो गिरल. एकरा बात गरमी से तनिका राहत मिलल बा लोगन के.  हालांकि बलिया में पहिलहीं का तगह आग बरसल आजुओ जारी रहल.

सोनभद्र के बीजपुर इलाका में पिंडारी गांव के एगो बुढ़िया के लाश जंगल में पेड़ पर लटकल मिलल बा. जान देबे के कारण पता नइखे चलल.

जनतादल (यू) के पुरनिया नेता शरद यादव आजु छतीसगढ़ का दौरा में कहलन कि राष्ट्रपति चुनाव में भाजपा विरोधी सगरी विपक्षियन के गोलबंद करे के कोशिश कइल जा रहल बा जेहसे कि भाजपा के हरावल जा सके.

उत्तर प्रदेश के पिछड़ा वर्ग अउर विकलांग कल्याण मंत्री ओम प्रकाश राजभर आजु कहलन कि दिव्यांगन के एक लाख तक के करजा  माफ क दीहल जाई.

भदोही में वाराणसी-इलाहाबाद रेल खण्ड के अहिमनपुर टीसन का लगे लाइन किनारे मिलल एगो नवही के लाश ढेर देर ले एह चलते पड़ल रहल कि कवन थाना के इलाका ह.  गोपीगंज पुलिस आ औराई थाना के एह पचड़ा में आखिरकार औराई के पुलिस उपाधीक्षक का कहला प औराई पुलिस लाश उठवलसि.

मऊ जिला के इंदारा इलाका में ट्रेन का चपेटा में आ के कोपगंज इलाका के बारा गाँव के दू गो लइकन के मौत हो गइल.

देवरिया के सलेमपुर इलाका में आजु मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सभा का बाद घरे लवटत घरी मोटरसाइकिल पुलिया से जा टकराइल आ ओह प सवार तीन गो नवहियन में से एगो के मौत हो गइल आ बाकी दूनू घवाहिल हा गइलें.

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के कर्णपुर गांव का  नियरा एगो ऑटो आ ट्रक का टक्कर में ऑटो सवार एक जने के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइलें.

सोनभद्र के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका में एगो ट्रक आ कार के टक्कर में वाराणसी जिला के रामनगर से बारात ले के जात कार प सवार एक आदमी के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें.

मिर्जापुर के कटरा इलाका मे एगो ट्रक गंगा नदी पर बनल शास्त्री सेतु के रेलिंग तूड़त काल्हु रात नदी में गिर गइल. एह हादसा में ड्राइवर के मौत हो गइल.

गोपालगंज जिला के मीरगंज इलाका में सिवान के एगो कपड़ा व्यवसायी के कर्मचारियन से बड़का गांव का नियरा तीन लाख रुपिया लूट लीहल गइल. कर्मचारियन के पिटाई का बाद  हाथ-गोड़ बान्ह दीहले रहलन स लूटेरा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: