नयी दिल्ली 20 फरवरी (वार्ता) दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल का मौजूदगी में मुख्य सचिव अंशु प्रकाश से आआपा के विधायक बदसलूकी कइलें. एह पर भाजपा आ कांग्रेस मुख्यमंत्री केजरीवाल से इस्तीफा मांगत बिया, साथही अधिकारिओ लोग विधायकन पर कार्रवाई करे के माँग करत आन्दोलन करे लागल बाड़ें. हालांकि मुख्यमंत्री कार्यालय के कहना बा कि अइसन कुछऊ नइखे भइल.
मुख्य सचिव के आरोप बा कि विधायक लोग उनुका से बदसलूकी कइलें आ गारी दिहलें. आ सबकुछ मुख्यमंत्री का सामनहीं भइल. जबकि आआपा के कहना बा कि बैठक का दौरान मुख्य सचिव सवालन के जबाब ना देत कहलन कि ऊ विधायकन आ मुख्यमंत्री खातिर जवाबदेह नइखन आ उपराज्यपाले जवाबदेह बाड़ें.
आईएएस संघ एह घटना का बाद उपराज्यपाल से मुलाकात कइलें आ आरोपी विधायकन के गिरफ्तार करे के मांग कइलें. संघ के कहना बा कि काम करीहें बाकिर आफिसें में, आ बाहर बोलावल कवनो बइठक में शामिल ना होखीहें. संघ के कहना बा कि दिल्ली में संवैधानिक संकट के माहौल बन गइल बा.