दिल्ली के मुख्य सचिव से बदसलूकी का खिलाफ आईएएस

नयी दिल्ली 20 फरवरी. दिल्ली के मुख्य सचिव अंशु प्रकाश का साथे मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल का घरे बदसूलकी होखे के मामिला सामने आइल बा.

मीडिया रिपोर्टन में कहल जात बा कि श्री प्रकाश का साथे भइल ई बदसलूकी श्री केजरीवाल का मौजूदगी में उनुका सरकारी निवास पर काल्हु देर रात दू गा पार्टी विधायक कइलें.

एह मामिला में आईएएस के संगठन भारतीय प्रशासनिक सेवा संघ आजु राज्यपाल अनिल बैजल से मुलाकात क के पूरा मामिला उनुका सोझा रखीहें.

आआपा के मंत्री आ बागी विधायक कपिल मिश्रा एह पर आपन ट्वीट क के केजरीवाल से सवाल कइले बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up