शिवसेना के सरकार वाला महाराष्ट्र में मुम्बई से चंद घंटा के दूरी पर एगो कस्बा पालघर में जूना अखाड़ा के दू गो साधुवन आ उनुका गाड़ी के ड्राइवर के शांतिदूतन के भीड़ पुलिस का सोझा मार मार के मुआ दिहलसि. एक तरह से कहीं त पुलिस वाला आह लोगन के घर का भितरी से बाहर निकाल के भीड़ का सोझा सँउप दिहलें.

गोमांस के तस्करन के हत्या पर छाती कूट कूट के चिचियाए वाला सिकूलर जमातियन के मुँह पर ताला पड़ गइल बा. लिब्रांडु मीडिया एह पर चुप्पी साध लिहले बावे काहे कि मरे वाला हिन्दू आ ओह पर से भगवा कपड़ा पहिरले साधू रहलें. हिन्दूवादी सरकार कहाए वाली मोदी सरकार आ देश के गृहमंत्री अमित शाहो का मुँह से बकार नइखे निकलत. एगो छोटहन चर्च पर केहू ढेला मार देव त ओकरा के देश पर खतरा बतावे वाली मीडिया आ खुद मोदी सरकार का लगे महाराष्ट्र सरकार से सवाल करे के बेंवत नइखे. देखे जोग रही कि राज ठाकरे एह हत्या पर कवन रुख अपनावल बाड़न.

महाराष्ट्र में कबो अपना के हिन्दूवादी शेर कहे वाला शिवसेना के सरकार एह मामिला के लीपापोती में लागल बिया. कवनो बड़का भाजपा नेता के बयानो एह पर नइखे आइल. हँ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल फणनवीस जरुर एह पर बयान दिहले बाडें आ सरकार से एह मामिला के जाँच करावे आ दोषियन के सजा दिआवे के माँग कइले बाड़न.

एह बूढ़ साधुवन पर चोरी के आरोप लगा के अगल बगल के शांतिवादियन के भीड़ जुट गइल आ पुलिस का सोझे एह निसहाय साधुवन के लाठी डंडा से पीट पीट के जान ले लीहल गइल. ओह हत्यारन का साथही ओह पुलिसोवालन पर मुकदमा चले के चाहीं जिनका मौजूदगी में ई लिंचिंग भइल बा.

मुंबई के पालघर में 2 बुजुर्ग साधुओं और उनके ड्राइवर को भीड़ ने बर्बरता से मार दिया
कहीं सुना ?
किसी भी लिब्रु ने आवाज़ उठायी ?
क्या ये Mob Lynching नही है ?

श्श्श्श्श् चुप रहिए😷ये साधु ही तो हैं..मर गये तो क्या ? कोई तबरेज थोड़ी ना हैं जो लोकतंत्र और संविधान ख़तरे में आ जायेगा pic.twitter.com/J4dC3lTnGo— Major Surendra Poonia (@MajorPoonia) April 19, 2020

घटना बियफे रात के ह आ एह पर सन्नाटा अइसन पसरल कि आजु जा के एह घटना के चर्चा सोशल मीडिया का चलते सामने आइल आ ओकरा बाद छिटपुट खबर दीहल मीडिया के मजबूरी बन गइल.

अगर इहे वारदात दोसरा कवनो मजहब के पादरी मौलवी के साथे भइल रहीत त पूरा देश अबहीं कानफाड़ू चित्कार से गुँजत रहीत

एह देश में कमलेश तिवारी के हत्या लोग बिसरा देला, कुछ दिन बाद एहू लींचिंग के बिसरा दी. बाकिर जान जाईं अगर हालात ना सुधरल त देर सबेर हमहनो के नंबर आवे वाला बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: