(शुक, 20 फरवरी के खबर)
Audio – TatkaKhabar-20-Feb-15

  • NitishKumarबिहार में विधानसभा अध्यक्ष के बेवहार देखत, अपना समर्थक विधायकन के मिलत धमकी, आ गुप्त मतदान करावे से मना कइला का बाद मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी विश्वास मत लेबे से पहिलहीं राज्यपाल के आपन इस्तीफा सँउप दिहलन. बाद में राज्यपाल नीतीश कुमार के नयका मुख्यमंत्री बने आ आपन बहुमत विधानसभा में साबित करावे के कहलन. 22 फरवरी अतवार का दिने नीतीश कुमार पद के किरिया धरीहें. अबकी का सरकार में राजद आ कांग्रेसो के विधायकन के मंत्री बनावल जाए के खबर बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के नाम के धारी वाला चर्चित सूट सूरत में चार करोड़ 31 लाख रुपिया में नीलाम हो गइल. ई बोली लालजी भाई पटेल लगवलन.
  • पेट्रोलियम मंत्रालय से सरकारी दस्‍तावेज चोरावे का आरोप में शुको का दिने दू जने के गिरफ्तार कइल गइल. एह लोग का लगे से चोरावल दस्तावेज आ बजट प्रस्तावन के फोटोकापी मिलल बा. एह मामिला में धराइल सात जने में से चार जने के पुलिस हिरासत में आ तीन जने के न्‍यायिक हिरासत में भेजल गइल बा.
  • मीडिया आ विपक्ष के लगावल आरोपन का बाद केन्द्र सरकार गुजरात का किनारे समुद्र मे रोकल गइल नाव के वीडियो जारी क दिहलसि जवना में देखावल गइल बा कि नाव पर सवार लोग खुदे नाव के आग लगा दिहल.
  • नोबेल पुरस्‍कार विजेता अमर्त्‍य सेन के कहना बा कि केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि ऊ नालंदा विश्‍वविद्यालय के कुलाधिपति बनल रहसु. जबकि सरकार के कहना बा कि ओकरा तरफ से सेन के कार्यकाल मे कटौती करे के कवनो कोशिश नइखे भइल.
  • उच्‍चतम न्‍यायालय विश्व कप क्रिकेट के मैच देखावे के अनुमति दे दिहलसि दूरदर्शन के.
  • वेलिंग्टन में विश्‍व कप क्रिकेट के एगो मैच में न्यूजीलैंड एकतरफा लागल मैच में इंग्लैंड के आठ विकेट से हरा के लगातार तिसरका जीत दर्ज कइलसि. न्यूजीलैंड के कप्तान ब्रेंडन मैक्कुलम आज विश्व कप के सबले तेज पचासा महज 18 गेंद पर लगा लिहलन.
  • यूपी में 165 लोग के स्वाइन फ्लू के मरीज बनला के खबर बा. केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री जे. पी. नड्डा यूपी सरकार के हर संभव मदद करे के भरोसा दिहलन आ कहलन कि स्वाईन फ्लू के दवाई भरपूर मौजूद बा आ कवनो तरह से घबड़‎इला के जरूरत नइखे.
  • 25 फरवरी से सरकारी बैंक चार दिन के हड़ताल पर जाए वाला बाड़े. कर्मचारी धमकी दिहले बाड़े कि अगर माँग ना मानल गइल त 16 मार्च से बेमियादी हड़ताल पर चल जइहें.
  • सुशील मोदी के आपन नेता बनावे वाली भाजपा के बिहारो में झटका लाग सकेला. अइसनका अनेसा न्यूज चैनल एबीपी-नीलसन के सर्वे में जतावल गइल बा. सुशील मोदी से भाजपो के लोग नाराज रहेला. हाल के सर्वे में सुशील मोदी जीतनो राम माँझी से पिछड़ल नजर अइलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d