जल्दिए देश में आकाशवाणी के एक सौ नया केन्द्र खोलल जाई एह बात के एलान केन्द्र के सूचना एउर प्रसारण राज्य मंत्री राज्यवर्धन सिंह राठौर बुध का दिने मेरठ में आकाशवाणी के दस किलोवाट के एफएम ट्रांसमीटर के नेंव डलला का बाद समारोह के संबोधित करत घरी कहलन.
कहलन कि आकाशवाणी हमेशा से स्वस्थ्य मनोरंजन आ सही समाचार के स्रोत रहल बा. ई अकेला मीडिया बा जवना के चहुँप देश के करीब करीब सगरी हिस्सा ला बावे. आ एकरा के अउर मजबूत मजगर बनवला के जरूरत बावे.