नागरिक उड्डयन मंत्रालय के सचिव पद से रिटायर आ यूपी कैडर के आईएएस सैय्यद नसीम अहमद जैदी के निर्वाचन आयुक्त बना दिहल गइल बा. जैदी साल सतरह ले चुनाव आयुक्त बनल रहीहें. मुख्य निर्वाचन आयुक्त एस वाई कुरैशी के रिटायर भइला का बाद चुनाव आयोग में एगो पद खाली हो गइल रहे. तीन गो निर्वाचन आयु्क्तन में से सबले सीनियर आयुक्त के मुख्य निर्वाचन आयुक्त बनावल जाला.