नाइजीरिया में भइल दू गो अलग-अलग हमला में नाहियो त 42 लोग मारल गइल बा आ सौ से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा. ई हमला उत्तर पूर्वी नाइजीरिया के योला में एगो नया बनल मस्जिद में भइल जवना में 27 लोग मर गइल. एहसे पहिले मैडूगरी में एगो फिदायिन हमला क के 15 लोग के जान ले लीहल गइल. अब ले ई साफ नइखे भइल कि एह हमलन का पाछे के रहुवे बाकिर एह तरह के हमला इस्लामिक आतंकी बोको हराम करत आइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d