नयी दिल्ली 10 मार्च (वार्ता). केंद्रीय वाणिज्य अउऱ उद्योग मंत्री सुरेश प्रभु के अब नागरिक उड्डयन मंत्रालयो के प्रभार सउँपा गइल बा.
राष्ट्रपति भवन से आजु जारी एगो विज्ञप्ति में ई जानकारी देत बतावल गइल बा कि राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का सलाह पर कैबिनेट मंत्री सुरेश प्रभु के नागरिक उड्डयन मंत्रालय के प्रभार सउँपले बाड़ें.
ई जिम्मेदारी उनुका मौजूदा मंत्रालय के अलावे रही.
केंद्रीय मंत्रिमंडल से तेलुगू देशम पार्टी के अशोक गजपति राजू के इस्तीफा दिहला का चलते ई फैसला भइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: