निर्भया के बलात्कारी जेल से रिहा हो गइल

तीन बरीस पहिले 16 दिसंबर का दिने एगो लड़की से बलात्कार क के ओकर जान ले लेबे वालन में से सबले हरामी दोषी के महज एह ले छोड़ दीहल गइल कि ओकर उमिर एगो सीमा से कम रहुवे आ ओकरा पर बाल न्याय बोर्ड में मुकदमा चलल आ तीन बरीस के जेल के सजा दीहल गइल. इ कुकर्मी ओह बलात्कार कइला का बाद लड़की के गुप्तांग में लोहा के सरिया ठूस दिहले रहुवे आ मरे खातिर फेंक दिहले रहुवे. बाकिर अतना कुकर्मी पर कानून के आन्हर आँख दया देखा दिहलसि. हालांकि लोग दबल जुबान में एह काम खातिर सेकूलरिज्मो के दोषी मानत बा जवना का नजर में एगो समूह के लोग के सात खून माफ क देबे के चाहीं.
आजु अतवार का दिने ओह लड़की बाप महतारी दिल्ली के इंडिया गेट का नियरा राजपथ पर विरोध जतवले जवना में सैकड़ो लोग शामिल भइल बाकिर पुलिस ओह लोग के एकर इजाजत ना दिहलसि.
दिल्ली सरकार एह बलात्कारी अपराधी के धन आ सिलाई मशीन देबे के एलान कइले बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up