नयी दिल्ली 07 अप्रैल (वार्ता). नेपाल के प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली के आजु एहिजा राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मौजूदगी में शानदार स्वागत कइल गइल.
नेपाल के प्रधानमंत्री केपी ओली के राष्‍ट्रपति भवन में राजकीय स्‍वागत करत उनुका के गार्ड ऑफ ऑनर दीहल गइल आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उनुकर अगवानी कइलन. एकरा बाद नेपाल के पीएम ओली के राष्‍ट्रपति राम नाथ कोविंद से मुलाकात भइल. ओली भारत के तीन दिन के यात्रा पर शुक का दिने एहिजा चहुँपले आ नेपाल के प्रधानमंत्री बनला का बाद ई उनुकर पहिला विदेश दौरा ह.
बाद में नेपाली पीएम ओली आ पीएम मोदी के मुलाकात में दुनु देश आपन सदियन पुरान ऐतिहासिक संबंधन के नयका युग के सूत्रपात करत कनेक्टिविटी के विस्तार पर तेजी से काम करे आ दुनु देशन का बीच के खुलल सीमा के दुरुपयोग रोके के संकल्प लिहलें.
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ नेपाल के प्रधानमंत्री खडग प्रसाद शर्मा ‘ओली’ का बीच प्रतिनिधिमंडल स्तर पर भइल बातचीत में कई एक सहमति बनल. दुनु पीएम मिल के मोतिहारी (बिहार) से अमलेखगंज (नेपाल) का बीच गैस पाइपलाइन परियोजना के शिलान्यास कइलें आ बीरगंज में एकीकृत जांच चौकी के उद्घाटन कइलें.
आजु के बइठक में गृह मंत्री राजनाथ सिंह, पेट्रोलियम अउर प्राकृतिक गैस मंत्री धर्मेन्द्र प्रधान, वित्त राज्य मंत्री शिवप्रताप शुक्ला, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल, विदेश सचिव विजय गोखले आ अउरिओ कई अधिकारी शामिल रहलें.
पीएम मोदी के प्रेस वक्तव्य में कहल गइल बा कि श्री ओली के यात्रा नेपाल में ऐतिहासिक लोकतांत्रिक प्रक्रिया पूरी भइला का पृष्ठभूमि में हो रहल बा, जवन नेपाल के बहुत बड़ उपलब्धि बा. साल 2006 में शुरू भइल संक्रमण काल के ई उत्कर्ष ह आ एकरा ला नेपाल के जनता आ सरकार के हृदय से बधाई देत बानी.
मोदी के कहना बा कि नेपाल के स्वर्णिम अध्याय के शुभारंभ हो रहल बा आ नेपाल के तेज आर्थिक बढ़न्ती आ नेपालियन के खुशहाली ला भारत प्रतिबद्ध बा. कहलन कि उनुकर नारा – सबका साथ, सबका विकास – आ ओली के नारा – समृद्ध नेपाल, सुखी नेपाली – एक दोसरा के पूरा करे वाला बा.
नेपाली पीएम उत्तराखंड के पंतोनगर जइहें आ ओहिजा गोविंद वल्लभ पंत विश्वविद्यालय में आयोजित कार्यक्रम में शामिल होखीहें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: