काल्हु दिल्ली में भाजपा कार्यालय में दिवाली मिलन समारोह बोलावल गइल रहुवे आ पत्रकार बड़हन संख्या में एह कार्यक्रम में शामिल भइलें. बात बेबात मोदी के खिंचाई करे वाला मीडिया समूह एह मौका पर पीएम का संगे सेल्फी खिंचवावे ला धक्का मुक्की करत भीड़ लगा दिहलन. पत्रकारन के एह व्यवहार के कुछ पत्रकार आलोचना कइले बाड़न कि पत्रकार के एह तरह के मौका पर आपन प्रोफेशनल रुख बनवले राखे के चाहीं आ मोदी के समर्थक लउके भा जतावे के मौका ना देबे के चाहत रहुवे.
कार्यक्रम के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि उनुका व्यस्त कार्यक्रम का चलते दिवाली मिलन अतना देर से बोलावल गइल. कहलन कि तनिका अउरी देर भइल रहीत त क्रिसमस के मजा आ गइल रहीत.
एह मौका पर भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह समेत अनेके भाजपा नेता मौजूद रहलें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: