अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा आ पाकिस्तानी प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के मुलाकात में पाकिस्तानी आदत का मुताबिक काश्मीरो के चरचा चलल. सीमा पर तनाव आ गोलीबारिओ के जिक्र भइल आ कहल गइल कि पाकिस्तान आ भारत का बीच बातचीत का माध्यम से सगरी झंझट सलटावल जरूरी बा. पाकिस्तानो अमेरिका के भरोसा दिहलसि कि आतंकी लश्कर का खिलाफ ऊ कार्रवाई करी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: