नयी दिल्ली 20 फरवरी (वार्ता) देश में भइल अवले के सबले बड़हन बैंक धोखाधड़ी मामिला के मुख्य आरोपी सेलिब्रेटी ज्वेलरी डिजाइनर नीरव मोदी नइखन सकारत कि ऊ पंजाब नेशनल बैंक से कवनो फर्जी लेनदेन कइले बाड़ें.
नीरव मोदी के वकील विजय अग्रवाल के कहना बा कि पीएनबी जवन शिकायत पुलिस में दर्ज करवले बावे ओहमें कवनो दम नइखे. पीएनबी के शिकायत में कहल गइल बा कि नीरव मोदी आ उनुकर रिश्तेदार 2011 से 2017 का बीचे दू गो बैंक अधिकारियव से फर्जी गारंटी हनवा के करीब 1.8 अरब डॉलर के फर्जी लेनदेन कइले बाड़न.
नीरव के वकील विजय अग्रवाल बतावे के तइयार नइखन कि एह घरी नीरव मोदी कहवाँ बाड़न. पुलिस के कहना बा कि नीरव मोदी शिकायत दर्ज करावे से पहिलहीं देश छोड़ के भाग गइल बाड़न. एही बीच खबर आइल बा कि उच्चतम न्यायालय में नीरव मोदी के प्रत्यर्पण से जुड़ल गोहार पर शुक का दिने सुनवाई कइल जाई. ई गोहार लगावे वाला विनीत ढांडा निहोरा कइले बाड़न कि पीएनबी घोटाला के मुख्य आरोपी नीरव मोदी के जल्दी से जल्दी प्रत्यर्पण करावे, पीएनबी आ भारतीय रिजर्व बैंक के दोषी अधिकारियन का खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जाव, आ एह तरह के धोखाधड़ी से बैंकन के बचावे ला नियम कायदा बनावल जाय.
नीरव के नकील अग्रवाल के कहना बा कि पीएनबी आ नीरव मोदी के बीचे भइल हर डील के पूरा दस्तावेज बा. हर डील पर पीएनबी फीस वसूसले बिया. इहो कहलन कि अबहीं ले कवनो आरोप पत्र दाखिल नइखे भइल आ ओकरा बादे कानूनी लड़ाई के कवनो रणनीति बनावल जा सकी. इनकर कहना बा कि पीएनबी खुद के बचावे ला ई कहानी बनावत बिया.