आजु फ्रांस के पुलिस पेरिस हमला करे वालन के सरगना के मार गिरवलसि। ओकरा संगे दू गो अउरी आतंकियन के मौत भइल जवना में से एगो महिला आतंकी खुदे अपना के बम से उड़ा लिहलसि।
पेरिस के उतरवारा इलाका में भइल मुठभेड़ में अब्दुल हमीद अबाउद समेत तीन गो आतंकी मरा गइले आ पांच जने के गिरफ्तार क लीहल गईल।