भारत आ जापान के प्रधानमंत्री काल्हु वाराणसी के दौरा पर आवत बाड़ें. वाराणसी में दुनू पीएम दशाश्वमेघ घाट पर होखे वाली गंगा आरती देखी लोग. एह काम खातिर नाव का सहारे एगो मंच बनावल गइल बा जवना पर म्यूजिक सिस्टमो लगावल गइल बा. सेना आ नौसेना के जवान एह मंच के सुरक्षा में तैनात बाड़ें. घाट के कुछ हिस्सा काल्हु आम आदमी खातिर बंद रही.
बड़का गाड़ियन आ टैंकरन के शहर में आवे जाए पर अस्थायी रोक लगा दीहल गइल बा. जगहे जगह बैरिकेडिंग क के यातायात के नियन्त्रित कइल जाई. ड्रोन कैमरा आ सीसीटीवी का सहारे लगातार निगरानी राखल जा रहल बा.
दुनू पीएम काल्हु रात के दिल्ली खातिर वापिस हो जाई लोग.