बंगलादेश के प्रधानमंत्री प फेरू से चुनाव करावे के दबाव

ढाका 07 जनवरी (वार्ता) बंगलादेश के चुनाव का बाद अब प्रधानमंत्री शेख हसीना प अमेरिका समेत अउरिओ देशन के दबाव बने लागल बा कि बंगला देश में फेरु से चुनाव करावल जाव जवना में सगरी मुख्य पार्टियन के भागीदारी रहे. बाकि शेख हसीना एहसे साफ इन्कार क दिहले बाड़ी आ कहले बाड़ी कि विपक्ष के बहिष्कार से चुनाव अवैध ना हो जाव.

संयुक्त राष्ट्र महासचिव वानकी मून बंगलादेश के चुनाव मे भइल बडहन पैमाना के हिंसा आ ढेर लोग के मरला प दुख जतवले बाड़े. ओहिजे ब्रिटेन के कहना बा कि कवनो देश के लोकतंत्र तबहिए पोढ़ मानल जाला जब ओहिजा के चुनाव भरोसे लायक होखे आ वोटर अपना मनमुताबिक आजादी से वोट दे सकसु.

Loading

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up