राकांपा नेता शरद पवार का दिल्ली वाला निवास पर आजु देश के विरोधी गोलन के बइठक त हो गइल बाकिर भरम साफ करे के पड़त बा कि बइठक बोलवले के रहुवे. कांग्रेसी गोल के शिकायत बा कि एह बइठक में ओकरा के ना बोलावल गइल रहुवे आ ई गैर-भाजपा गैर-कांग्रेसी गठजोड़ बनावे के शरद पवार को योजना रहुवे. एह बारे में सफाई देत राकांपा के एगो वकील नेता माजिद मेनन कहलें कि शरद पवार का घर पर बइठक भइल जरुर बाकिर एकरा के ऊ ना बोलवले रहलन. हालांकि नाहियो त पाँच गो कांग्रेसियन के नेवतल रहे जे राष्ट्रीय मंच से समभाव राखेलें. बइठक भाजपा से मंत्रीपद ना मिलला का चलते रुसल आ गोल से निकसल यशवन्त सिन्हा के बरीस 2018 में बनावल राष्ट्रीय मंच बोलवले रहुवे.

ममता बनर्जी के गोल में शामिल हो चुकल आ तृणमूल के उपाध्यक्ष के पद पवला का बाद यशवंत अब देश के बड़का नेतवन का जमात में गिनाइल चाहत बाड़न. साथही ममता का तरफ से राष्ट्रीय राजनीति में उनुका ला जगहो निकाले बनावे के जिम्मेदारी सम्हरले बाड़न.

बइठक में शरद पवार, यशवंत सिन्हा, घनश्याम तिवारी, फारुक अब्दुल्ला, संजय झा, पवन वर्मा, जयन्त चौधरी, सुशील गुप्ता, बिनय विश्वम, नीलोत्पल बसु, जावेद अख्तर, के सी सिंह, आ जस्टिस एपी शाह वगैरह लोग शामिल भइल.

बइठक में तय भइल कि यशवंत सिन्हा नयका बनेवाला गठजोड़ खातीर एगो विचार पत्र तइयार करीहें जवना में सभका के शामिल कइल जा सके. अबहीं कवनो नेता नइखे चुनल गइल काहें कि नेता चुने के बात उठते लोग उठल शुरु कर दी. वइसे बँवारा गोल के एगो नेता एकरा के बँवारा मंच होखे के दावा जरुर कइले बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: