आजु सोमार का दिने बाबा रामदेव रामलीला मैदान से अपना समर्थकन के ले के संसद मार्च पर निकललन बाकिर थोड़ही दूर पर रणजीत सिंह फ्लाईओवर पर एह जूलुस के रोक दिहल गइल. दुपहरिया में पुलिस एह लोग के हिरासत में ले के राजीव गाँधी स्टेडियम का ओर बढ़ल बाकिर पाँच घंटा बीतला का बादो पुलिस एको किलोमीटर आगे ना चल सकल काहे कि रामदेव समर्थक जूलुस बना के बस का संगे चलत बाड़ें.

आजु दिन में भाजपा नीत राजग के नेता लोग बाबा रामदेव का मंच पर चहुँप के आपन समर्थन देबे के एलान कइलें जवना का बाद कांग्रेसी नेतवन के कहना बा कि बाबा रामदेव के मुखौटा उतर गइल आ असली लोग सामने आ गइल.

बाबा रामदेव के मुहिम के यूपीए के सहयोगी सपा आ बसपा समेत बीजद आ नीतीश कुमार समर्थन कइले बाड़ें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: