काल्हु जब देश एगो नया इतिहास बनावत रहुवे ओह समय बिहार के कुशासन बाबू नीतीश कुमार के गोल देशहित का खिलाफ जा के कश्मीर बिल का खिलाफ वोट दिहलसि. सुशील मोदी जइसन चाटुकार का सहारे नीतीश बाबू के भरम हो गइल बा कि भाजपा उनुका पिछाड़ का नीचे उचकुन लगावे के मजबूर बिया. उनुकरो भरम जल्दिए टूटे के चाहीं जइसे धारा 370 के समर्थकन के टूटल.

अबहीं हालही ले कश्मीरी अलगाववादी आ देश के विपक्षी खेमा वालन के भरम रहुवे कि धारा 370 हटावले ना जा सके. आ काल्हु का बाद आदमी सोचे के मजबूर हो गइल कि अतना आसान काम करे में अतना बरीस काहे लाग गइल !

अलग बाति बा कि ई काम ओतना आसानी से नइखे भइल जतना आसान देखे सुने में लागत बा. ओकरा पहिले अतगाववादियन के आमदनी रोक के ओह लोग के डाँड़ तूड़ल गइल. आतंकवादियन के सफाया कइल गइल. घाटी से गैर कश्मीरियन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल गइल. राज्यसभा में जतना हो सकल ओतना सांसद तूड़ल गइल. तब जाके दू तिहाई बहुमत से कश्मीर बिल पारित हो सकल आ देश विरोधी गोल फेंकरत रहि गइलें.

मोदी सरकार के दुसरका दौर से देश के राष्ट्रवादियन के बहुते आस जाग गइल रहुवे आ जब मोदी सबका साथ सबका विकास का राहे चल दिहलन त बहुते लोग अनसा गइल आ खुलेआम मोदी विरोध में बोले लागल. एह दौरान हिन्दू विरोधियन के लागल कि एह लहोक के जतना हवा दिहल जा सके दिहल जाव. काहे कि जबले हिन्दुवन में एका बनल रही तब ले भाजपा के हरावल ना जा सके. बाकिर काल्हु का बाद ओह लोग के सपना टूट गइल. अब हिन्दू समुदाय के भरोसा जाग गइल बा कि देर सबेर ऊ सगरी काम होखे जा रहल बा जवना के सपना ऊ “शैशव के भोले नयनों से” देखत आइल बाड़ें.

अब राम मन्दिरो बनी, हिन्दू विरोधी किताबो बदलइहें सँ, सही इतिहासो लिखाई जवना में आक्रमण करेवाला मुगलन के महिमा मंडन हटा के ओह लोगन के महिमा बखान होखी जे लोग देश आ समाज ला लड़ाई लड़लें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d