नागपुर 10 मार्च (वार्ता). पिछला नौ बरीस से संध के सरकार्यवाह रहल सुरेश भईयाजी जोशी के फेरु तीन बरीस ला राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सरकार्यवाह चुन लीहल गइल बा.

भईयाजी जोशी के चुनाव आजु नागपुर में हो रहल संघ के अखिल भारतीय प्रतिनिधि सभा में भइल. हर साल होखे वाला एह बइठक में पूरा देश से आइल करीब डेढ़ हजार से बेसी प्रतिनिधि हिस्सा ले रहल बाड़ें.

सरकार्यवाह माने जनरल सेक्रेटरी संघ के दैननन्दिन गतिविधियन के संचालन करेलें आ कार्यकाल तीन बरीस के होला जवना के बार बार चुनल जा सकेला. संघ में शुरुआते से चुनाव का जगहा चयन के परिपाटी चलत आइल बा आ आजु ले एकरा के ले के कबो कवनो विवाद नइखे भइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d