देश के मशहूर अंग्रेजी चैनल @TimesNow का ट्वीट में कांग्रेस के ओह चाल के खुलासा कइल गइल बा जवना में दलित मुद्दा पर आगि लहका के सगरी देश में बवाल करे खातिर ऊ माओवादियन के सहायता लेबे के साजिश रचले बिया.
एगो अर्बन नक्सली के चिट्ठी पढ़ के सुनावत नविका कुमार बतवली की कांग्रेस देश तूड़े वाली एह साजिश ला धन आ संसाधन मुहैया करावे के वादा कइले बिया. गुजरात के विधायक जिग्नेश मेवाणी के नाम के बाकायदा एह में जिक्र बा आ बतावल गइल बा कि जिग्नेश एह काम के पूरा करे ला मजगर तरीका से लागल बाड़न आ उनुका के भरपूर सहयोग देबे के जरुरत बा. कांग्रेस आ नक्सली गठजोड़ के एह खुलासा का बाद देश वालन के आँखि खुल जाए के चाहीं कि कि देश के दुश्मन कतना खराब साजिश में जुटल बाड़ें.
एक तरफ त दलितन के भड़कावल जात बा आ दोसरा तरफ सवर्णन के लहका के नोटा बटन दबावे ला उकसावल जा रहल बा. कांग्रेस आ नक्सलियनो के ई निकहा से मालूम बा कि समाज के ई तबका कांग्रेस भा देश विरोधियन के साथ ना दे सके ता काहे ना एह लोग के वोट बरबाद करवा के आपन गोटी लाल क लीहल जाव.
कुछ सवर्ण सचहू एह साजिश में आ गइल लागत बाड़ें आ आपन कान देखला का जगहा कउवा कान ले गइल सुनि के कउवा का पीछे धावे लागल बाड़ें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: