
(टटका खबर, मंगल, सावन अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी)
केन्द्रीय गृह मंत्री का नियन्त्रण में रहे वाली दिल्ली पुलिस देश के हिन्दुवन के संकेत दे दिहलसि कि हिन्दुवन के डेरा के आ सहमि के रहे के चाहीं. ना त भुगते खातिर तइयार रहो. हिन्दू संत के गरदन काटे के बात करे वाला आ शाहीन बाग में हिन्दू तेरी कब्र बनेगी के नारा लगावे वालन का खिलाफ कुछ ना करे वाली दिल्ली पुलिस एगो हिन्दू नेता अश्विनी उपाध्याय के महज एह चलते गिरफ्तार कर लिहलसि कि ऊ जवना सभा में गइल रहलें ओह सभा में शामिल कुछ लोग मुसलमानन का खिलाफ नारा लगावल. जवना समय नारा लागल तवना समय अश्विनी ओहिजा रहबो ना कइलन बाकिर दिल्ली पुलिस उऩुका के अधरतिया में घर से उठा के गिरफ्तार कर ले गइल. ओह तर्क का हिसाब से किसानन का नाम पर आन्दोलन करे वाला सगरी नेतवन के गिरफ्तारी हो जाए के चाहत रहुवे, शाहीन बाग में हिन्दुवन का खिलाफ नारा लगावे वालन के गिरफ्तार क लीहल चाहत रहुवे, खुलेआम हिन्दुवन का खिलाफ आग उगिले वाला अमानतुल्लाह खान के गिरफ्तारी हो गइल चाहत रहुवे. बाकिर ओह सब के पूरा आजादी बा काहे कि ऊ लोग हिन्दुवन का खिलाफ बोलेला. संविधान हिन्दुवन के ई आजादी नइखे दिहले आ एकर पुष्टि कवनो बेरा देश के सुप्रीम कोर्ट कर सकेले जवन हिन्दु पर्व आ त्योहारन पर तुरतो कवनो आदेश निर्देश जारी कर देले बाकिर मुसलमानन के पर्व त्योहार पर गुड़की लगा लेले.
बंगाल में हिन्दुवन के नरसंहार के बरखी का दिने तृणमूल कांग्रेस खेला होबे दिवस मना के हिन्दुवन के खुला संदेश दी बाकिर ओकरा खिलाफ कवनो कार्रवाई ना होखी. हिन्दुवन के सफाया के बाति करे वाला असरुद्दीन ओवैसी विधायक बन के आजाद घूमी बाकिर हिन्दुवन के अइसन कवनो आजादी नइखे. डासना मंदिर में गइल एगो मुसलमान लइका के एगो थप्पड़ लागल त पूरा देश के विपक्ष आ मीडिया कुकुरहाँव करे लागल बाकिर ओही मंदिर में एगो संत के जान लेबे के कोशिश भइल त सभे गुम्मी साध लिहले बावे.
असल में सभका मालूम बा कि देश में हिन्दू मुट्ठी भर के बाड़न. अधिका आबादी त अगड़ा, पिछड़ा, दलित में अझूराइल बा. पिछड़ा वर्ग के मुद्दा आइल त देश के सगरी गोल एक हो गइलें आ संसद में एह बारे में पेश विधेयक सर्वसम्मति से पारित हो गइल. एगो वोट ना पड़ल ओह विधेयक का खिलाफ. अब राज्यन के आजादी रही कि जेकरा के मन करे पिछड़ा घोषित कर देव आ ओकरा ले जतना मन करे आरक्षण दे देब. देर सबेर पचास फीसदी के सीमा हटाईए दीहल जाई. काहे कि लोकतंत्र के सहज सुभाव कि जिसकी जितनी भागीदारी उसकी उतनी हिस्सेदारी आ हिन्दुवन के गिनिती अतना कम बा कि ओकरा के कुछ दिहला के जरुरत नइखे. बाकी के काम जाति गिनवा के देखा दीहल जाई कि देख लेव सभे कि हिन्दू कतहीं नइखन. तिलक तराजू और तलवार के जूता मारे वालन से, भूरा बाल साफ करो के बात करे वालन से, राममन्दिर के मांग करे वालन पर गोली चलवावे वालन के, हिन्दुवन से खेला होबे के धमकी देबे वालन के पूरा आजादी बा.
काल्हु केन्द्र सरकार संसद में कह दिहलसि कि रोहिंग्या मुसलमानन के समस्या देश ला बहुते खतरनाक बा एहसे नागरिकता कानून अबहीं लागू ना करी सरकार. देश में समान कानून ना बनावल जा सके काहें कि मुसलमान ओकरा खिलाफ बाड़ें. एनआरसी लागू करावे का बारे में अबहीं सोचतो नइखे केन्द्र सरकार.
देश में कोरोना के कुल छूताह मरीजन के गिनिती घटि के काल्हु 3 लाख 88 हजार 508 पर आ गइल बाकिर बंवारा गोल के सरकार वाली केरल अकेले 1 लाख एकहत्तर मरीज रखले बा. बाकी में 66 हजार कोरोना मरीज महाराष्ट्र में बाड़ें. एही चलते देश के मीडिया केरल सरकार के प्रशंसा करेले कि ओकर कोरोना प्लान लाजबाब बा.