हाल के विधानसभा चुनावन में तीन गो राज्यन – मध्य प्रदेश, राजस्थान, आ छतीसगढ़ – में भाजपा के मिलल हार से देश के हिन्दू विरोधी ताकतन के बल मिलल बा.
आजु मुस्लिम बोर्ड के बइठका का बाद एलान कइल गइल बा कि अगर केन्द्र के भाजपा सरकार श्रीराम मन्दिर बनवावे ला संसद में कवनो कानून बनावे के कोशिशो कइलसि त ई लोग देश के माथ अदालत में गोहार लगाई. साथही देश के हिन्दू विरोधी विपक्षो के अपना साथे ले आवे के जोर लगाई लोग.
एकरा साथही मुस्लिम बोर्ड का तरफ से इहो कहल गइल बा कि अगर तीन तलाक दिहला के अपराध बनावल जाई तबो ई लोग अदालत के सहारा ले के ओकरा के बने ना दी.
मुस्लिम बोर्ड के पूरा भरोसा बा कि देश के गैर भाजपा दल हिन्दुत्व का विरोध में बाड़ें आ मुस्लिम बोर्ड के पूरा सहयोग करीहें.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d