हाल में भइल आतंकी घटनन के देखत भारत-नेपाल का सीवान पर पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल चौकी पर सुरक्षा बढ़ा दीहल गइल बा.
केन्द्र सरकार से मिलल निर्देश का बाद सशस्त्र सीमा बल के जवान आपन चौकसी बढ़ा दिहले बाड़ें.
एही बीच नेपाल के संविधान में बदलाव करे के मांग लेके मधेसी समाज के नाकेबंदी का चलते दिनी देश के लोग नया नया रास्ता से आवाजाही करत बा. एहसे एसएसबी जांच करे आ तलाशी लेबे में अउरी कड़ाई करत बिया.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: