• आसमान से बरसत आग का बीच काल्हु खबर आइल बा कि एह साल मानसून कमजोर रहे के अनेसा बा आ सूखा पड़ सकेला. सबले अधिका परेशानी उत्तर पश्चिम के राज्यन के झेले के पड़ी. मौसम विभाग के भविष्यवाणी वइसे पचहतरे फीसदी ले सही साबित होला बाकिर अबकी ओकर दावा सही खबर देबे के बा. अलनीनो बरियार होखे लागल बा जवना चलते मानसून जहाँ से शुरु होला ओहिजा के समुद्र के पानी गरम होखे लागेला आ हवा के चाल कमजोर पड़ जाला. एही सब का बीच काल्हु रिजर्व बैंक कुछ राहत देबे के कोशिश कइलसि बाकिर बाजार के पसन्द ला आइल. ओकरा बेसी के उमेद रहुवे आ एह चलते काल्हु देश के शेयर बाजार में एक समय 700 अंक तकले के गिरावट देखे के मिलल रहे जवन बंद होखे बेरा सेंसेक्स 661 अंक गिर के बंद भइल. काल्हुए स्टेट बैंक आपन करजा सस्ता करे के एलान क दिहलसि बाकिर बाकी बैंक अबहीं चुप्पी साध के बइठल बाड़े. बैंक के भ्रष्टाचार का चलते बड़का बड़का लोग बैंक के अरबों खरबो रुपिया ले के बइठ गइल बाड़े आ ओह डूबल करजा के भरपाई बैंक आम आदमी के जमा पूंजी से करे में लागल बाड़े.
  • दिल्ली सरकार बिहार सरकार से निहोरा कइलसि कि ऊ आपन दू गो एसपी आ तीन गो डीएसपी दिल्ली के दे देसु जेहसे कि दिल्ली सरकार अपना एंटी करप्शन ब्यूरो के चला सके आ बिहार सरकार एह निहोरा के मान के पाँच जने के भेजियो दिहलसि. अब दिल्ली के राज्यपाल के कहना बा कि एह तरह के प्रतिनियुक्ति से पहिले गृहमंत्रालय के अनुमति जरूरी बा बाकिर मनबढ़ केजरीवाल के कहना बा कि एकर कवनो जरूरत नइखे.
  • 15 जून से बीएसएनएल के मोबाइल सेवा लेबे वाला लोग पूरा देश बिना रोमिंग दिहले घूम सकी. एकर असर दोसरो मोबाइल सेवा कंपनियन पर पड़हीं के बा आ देर सबेर ओहू लोग के ई काम करहीं के पड़ी. केन्द्र सरकार मोबाइल सेवा कंपनियन के चेतवलहु बिया कि काॅल ड्राप के शिकायत कम होखे के चाहीं ना त ओह लोग पर कार्रवाइ कइल जा सकेला.
  • झारखण्ड के हजारीबाग कचहरी में काल्हु एगो पुरान गैंगस्टर के पेशी का दौरान नया गैँगस्टर के गिरोह एके 47 से गोली चला के मार गिरवले. सुशील श्रीवास्तव का साथही दू गो अउरी कैदियन के एह गोलीबारी में मौत हो गइल. गोलीबारी के जिम्मेवारी विकास तिवारी नाम के गैंगस्टर लिहले बावे आ मीडिया वालन के फोन क के एह बात के सकरलसि. फायरिंग का बेरा पुलिस कुछऊ ना कर सकल आ बदमाश आराम से निकल भगलें.
  • बलिया विकास भवन के तालाबंदी खोलवावे में प्रशासन के आखिरकार सफलता हाथे लागल जब साँपो मर जाव आ लाठियो ना टूटे का अंदाज में एक्सईएन के पिटाइ करेवालन के गिरफ्तारो ना करे के पड़ल आ कर्मचारियन के मनाइयो लीहल गइल. माने के बहाना बनल हमला करे वालन के माफी माँग लीहल.
  • बलिया के चित्तू पांडेय चौराहा पर अतिक्रमण हटावे के अभियान का तहत दू गो मकान गिरा दीहल गइल जबकि ओकनी के बीच खड़ा तिसर मकान छोड़ दीहल गइल. बतावल गइल कि मकान मालिक 9 जून तके समय मंगले बावे सामान हटा लेबे खातिर. अब एह हप्ता भर के समय में ऊ कवनो अदालत से स्टे आर्डर ले के चलि आवे त अचरज ना होखे के चाहीं.
  • बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले राजद आ जदयू के गठबन्हन मुश्किल लागत बा काहे कि जदयू के कहना बा कि नीतीश के नेता मान के चुनाव लड़ल जाव जबकि राजद एह पर तइयार नइखे. एह बीच जदयू के सदा-बागी रहल रमई राम एह बात से सहमति जतवले बाड़न.
  • मंगल का भोरे गोपालगंज के बैकुंठपुर इलाका के महुआ गाँव के बधार में एगो लड़िकी के लाश मिलल. पुलिस के कहना बा कि लागत बा कि दिशा मैदान खातिर गइल एह लड़िकी साथे कुकर्म करे के कोशिश भइल आ विरोध कइला पर जान से मार दीहल गइल. लड़िकी के बाप चार जने का खिलाफ नामजद तहरीर दिहले बाड़न.
  • सिवान के सांसद ओमप्रकाश यादव के प्रेस प्रभारी श्रीकांत भारतीय के हत्या में लाइनर रहे के आरोपी आ शहाबुद्दीन के करीबी उपेन्द्र सिंह काल्हु अदालत में हाजिर हो गइल. ओकरा के न्यायायिक हिरासत में भेज दीहल गइल बाकिर पुलिस ओकरा के पुलिस रिमांड पर लेबे खातिर बियफे का दिने आवेदन कर सकेले.
  • सारण जिला के मशरख के धरमासती गंडामन स्कूल में जहर वाला मीड डे मील के आरोपी प्राचार्या मीना देवी के जमानत के अरजी मंगल का दिने खारिज कर दीहल गइल.
  • चीन के यांगत्सो नदी में काल्हु एगो सवारी जहाज बँड़ेरा का चपेटा में आ के डूब गइल जवना चलते ओह पर सवार 458 लोग में से अधिका लोग के कवनो पता नइखे लागल. पन्द्रह लोग के जिन्दा बचा लीहल गइल जबकि पाँच जने के लाश मिलल बा. बाकी लोग के खोज जारी बा. जहाज के कप्तान आ चीफ इंजीनियर के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d