• गाय के माँस का बारे में दीहल केन्द्रीय गृहमंत्री रिजिजू के बयान पर योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि मंतरी होखे भा संतरी केहू के जनभावना से खिलवाड़ करे के छूट ना होखे के चाहीं. ना ही एह तरह के बयानबाजी करे के चाहीं.
  • आपन सफाई देत पिछला सरकार के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह काल्हु कहलन कि ऊ अपना भा अपना परिवार ला अपना पद के दुरुपयोग ना कइलन. बाकिर देश उनकर सफाई माने के तइयार नइखे लउकत. उनुका प्रधानमंत्री रहते देश में जतना घोटाला भइल ओतना आजु ले कवनो दोसरा प्रधानमंत्री का रहते ना भइल रहुवे. मनोहन सिंह पर हालही में उनुका शासन का दौरान ट्राइ के चेयरमैन रहल प्रदीप बैजल के कहना बा कि मनमोहन सिंह का समय में क्रोनी कैपिटलिज्म के दुष्चक्र चलत रहुवे आ बैजल के धमकवले रहुवन कि अगर साथ ना देबऽ त ओकर परिणाम भुगते के होखी.
  • अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में एगो गेस्टहाउस में घुसे के कोशिश करत चार गो आतंकवादियन के सुरक्षा बल मार गिरवले. हमला काल्हु मंगल के रात में भइल रहुवे आ गेस्टहाउस आ बगले के एगो होटल पर कब्जा करे के कोशिश में रहलन स आतंकी.
  • सीबीएसई के 10वीं के रिजल्ट कवनो कारण से टार दीहल गइल बा. रिजल्ट आजुए आवे वाला रहुवे बाकिर बतावल जात बा कि एकरा के अगिला सूचना तकले टार दीहल गइल बा. रिजल्ट कब निकली एकरा बारे में कवनो संकेत नइखे दीहल गइल.
  • भारत में पहिला बेर कवनो ट्रांसजेंडर (ना मरद ना मेहरारू) के कवनो कॉलेज के प्रिंसिपल बनावल गइल बा. पश्चिम बंगाल के कृष्णानगर महिला कॉलेज के प्रिंसिपल पर एगो ट्रांसजेन्डर मानबी बंदोपाध्याय के बहाली करे के फैसला लीहल गइल बा. मानबी अबहीं विवेकानंद महाविद्यालय में असोसिएट प्रफेसर बाड़ी.
  • जम्मू का साथे पक्षपात करे के पुरान रीति नीति पर चलत ओहिजा खातिर प्रस्तावित एम्स के श्रीनगर भेज दीहल गइल बा. एह फैसला का खिलाफ जम्मू में जम के विरोध हो रहल बा.
  • देशभर में चलत लू के दौर में नाहियो त एगारह सौ लोग के जान जा चुकल बा आ गरमी अबहियों बरदाश्त का बाहर चलत बावे. अगिला दू दिन ले अइसने रहे के अनेसा बा.
    बिहार में सड़क बनावे खातिर केन्द्र सरकार एह साल 50 हजार करोड़ रुपिया देबे वाली बा आ सगरी परियोजना एही साल शुरु हो जाई.
  • उत्तर प्रदेश में लेखपाल के 12 हजार पद पर बहाली करावे खातिर टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज के सहारा लीहल जाई. एह बहाली में करीब 20 लाख लोग के आवेदन आवे के उमेद बा आ अतना बड़हन संख्या में आवे वाला आवेदन के सम्हारे ला कवनो बढ़िया कंपनी के जरूरतो रहुवे.
  • गृहमंत्री राजनाथ सिंह के कहना बा कि केन्द्र सरकार दिल्ली सरकार के कामकाज में दखल देबे के नइखे सोचले आ ओकरा काम में बाधा ना बनी. कहलन कि दिल्ली सरकार के चाहीं कि जनता के फायदा ला काम करो.
  • बिहार सरकार अपना पुलिसकर्मियन के साल में तेरह महीना के तनखाह देबे के घोषणा कइले बिया. ई फैसला जीतन राम माँझी सरकार का समय भइल रहुवे.
  • भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के कहना बा कि बिहार विधानसभा चुनाव के भाजपा बहुते गंभीरता से लेत बिया आ एह चुनाव में भारी बहुमत से जीतल तय बा ओकर. कहलन कि जीतन राम मांझी आ पप्पू यादव से बातचीत चलत बावे बाकिर अबहीं एह पर कवनो फैसला नइखे भइल.
  • बिहार बोर्ड के इंटर वाणिज्य के रिजल्ट जारी हो गइल बा आ एहमें 90.55 फीसदी विद्यार्थी पास हो गइल बाड़े. मोतिहारी एम0 एस0 कॉलेज के छात्र आर्यन राज्य भर में टाप पर आइल बाड़न.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d