(अतवार, 22 फरवरी के खबर)

  • NitishKumarराजभवन में आयोजित एगो सादा समारोह में नीतीश कुमार चउथा बेर बिहार के मुख्यमंत्री के किरिया लिहलन. उनुका संगे 22 गो मंत्रियनों के किरिया धरावल गइल. एह मौका पर पीएम रह चुकल देवगोडा आ तीन गो मुख्यमंत्रीओ – ममता बनर्जी, अखिलेश यादव, आ तरुण गोगोई – मौजूद रहलें. रमई राम मत्री का रूप में किरिया ले लिहलें जबकि उनकर कहना रहे कि उपमुख्यमंत्री से कम पर ना मनीहें. हो सकेला कि एगो महादलित के फजीहत देखा के उनुको के मना लिहल गइल. सगरी मंत्रियन के उहे विभाग दिहल गइल बा जवन पहिले नीतीश कुमार सरकार में ओह लोग का लगे रहुवे.
  • समारोह में मौजूद जीतन राम माँझी से नीतीश कुमार हाथ मिलावे चहुँपलन त जीतन राम उनुका के शुभकामना आ बधाई दिहलन बाकिर बाद में कहलन कि जदयू के अहंकार के खतम होखहीं के बा. महादलित समुदाय पर कइल नीतीश के चोट के बदला महादलित समाज जरूरे ली.
  • मेलबर्न में आई सी सी क्रिकेट विश्‍व कप में अतवार का दिने भारत के शानदार सफलता मिलल जब पहिले बेर ऊ विश्व कप में दक्खिन अफ्रीका के हरा दिहलसि. पहिले टाॅस जीत के बल्लेबाजी करे उतरल भारत के टीम सात विकेट का नुकसान पर 307 रन बनवलसि. एहमें शिखर धवन के 137 रन, रहाणे के 79 रन आ कोहली के 46 रन शामिल रहल. बाद में बल्लेबाजी करे आइल दक्खिन अफ्रीका के पूरा टीम 41वां ओवर का खेल ले आउट हो गइल आ महज 177 रन बना पवलसि. राष्‍ट्रपति आ प्रधानमंत्री एह जीत पर आपन बधाई भेजले बाड़े.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज परीक्षा के तइयारी में लागल भा परीक्षा देत देश के नवहियन से अपना मन के बात बतियवलन आ ओह लोग के हिम्मत बढ़वलन.
  • तनखाह में तेरह फीसदी बढ़ोतरी से नाखुश बैंक कर्मचारी साढ़ें उनइस फीसदी बढ़ोतरी खातिर एह वित्तीय साल में पाँचवा हाली हड़ताल पर जाए वाला बाड़े. भारतीय बैंक एसोसिएशन ओह लोग के बात चीत के नेवता दिहले बा. बातचीत सोमार का दिने मुंबई में होखे वाला बा.
  • रोहतास जिला के भभुआ-मोहनिया सड़क पर परसिया गांव का लगे एगो बस के पलट गइला से ओह पर सवार एगो यात्री के मौत हो गइल आ चौदह जने घवाहिल हो गइले. एह लोग के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • संसद के बजट सत्र सोमार से शुरू होखे जा रहल बा. आजु अतवार का दिने सगरी राजनीतिक गोल के बइठका में पीएम मोदी कहलन कि संसद के बढ़िया से चलावल सभकर जिम्मेदारी होला आ संसद में बहस कर के हर समस्या के समाधान निकालल जा सकेला. संसदीय कार्यमंत्री वेंकैया नायडू आजु सोनियो गाँधी से एह बारे में चरचा करे उनुका आवास पर जा के बात कइलन बाकिर कांग्रेस अपना बात पर अड़ल बिया कि सरकार विपक्ष से सहयोग के उमेद मत राखो.
  • मालदीव में पुलिस ओहिजा के राष्‍ट्रपति रहल आ मालदीव के डेमोक्रेटिक पार्टी के नेता मोहम्‍मद नशीद के आतंकवादी होखे के आरोप लगावत गिरफ्तार क लिहले बिया. जेकरा चलते ओहिजा तनाव पसर गइल बा. नशीद के समर्थक उनुका घर का बाहर जुटे लागल बाड़े.
  • बंगलादेश में एगो नाव के डूबला से ओह पर सवार डेढ़ सौ लोग में से नाहियो त तीन दर्जन लोग के मौत हो गइल. एह नाव के एगो मालवाही जहाज पीछे से धक्का मार दिहलसि जवना चलते ई हादसा भइल.
  • आई सी सी क्रिकेट विश्‍व कप के एगो दोसर मैच में श्रीलंका चार विकेट से अफगानिस्‍तान के हरा दिहलसि. सोमार का दिने इंग्‍लैंड आ स्‍कॉटलैंड का बीच मैच खेलल जाई.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: