- भारत आ अमरीका का बीच रक्षा उपकरण बनावे आ ओकरा तकनीकि के साझा में विकास के शुरुआत करत दस बरीस ला एगो नया समझौता पर दस्तखत भइल बा. दिल्ली में भइल एह समझौता पर रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर आ भारत आइल अमरीकी रक्षा मंत्री एश्टन कार्टर कर दस्तखत भइल. जेट विमान आ विमानराखे वाला पोत तथा कइएक अउरी तरह के समझौता एहमें शामिल बा.
- केन्द्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह काल्हु कलन कि बिहार के विशेष आर्थिक पैकज आंध्रप्रदेश के मिलल पैकेज का तर्ज पर दीहल जाई. उमेद जतवलन कि कम बरखा का अनेसा का बावजूद एकरा से उपजे वाला संकट से निपट लीहल जाई. कहलन कि केन्द्र सरकार पहिलहीं से देश के 580 जिला ला आपात योजना बना लिहले बिया. बतवलन कि दाल के दाम काबू में राखे खातिर एकर आयात करे के सोचल जात बा.
- केंद्रीय सडक परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी वीडियो कांफ्रेंसिंग करत कहलन कि बिहार के अधिकतर सड़कन के मरम्मत आ बनावे के ठप पड़ल काम फेरू करा दीहल गइल बा आ दू साल का भितरे बिहार के लोग बढ़िया सड़क के लाभ लेबे लागी. एह काम खातिर बिहार ला पचास हजार करोड़ रुपिया के मंजूरी दीहल गइल बा. गाँधी सेतु के मरम्मत के भइल काम ला पाँच सौ करोड़ रुपिया दिआइल बा आ अउरी 2800 करोड़ रुपिया के मंजूरी दीहल गइल बा.
- जदयू के तरफ से राजद साथे गधबन्हन बनावे के भरपूर कोशिश होखला का बारे में बतावत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि हो गइल तबो ठीक, ना भइल तबो ठीक. जदयू दुनू हाल में तइयार बा विधानसभा चुनाव ला. जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वरिष्ठ नारायण सिंह साफ कहलन कि मुख्यमंत्री के प्रत्याशी खातिर नीतीश कुमार के नाम छोड़ दोसर कवनो नाम ना मानल जाई. आ ईहो साफ हो गइल कि राजद संगे गठबन्हन नइखे होखे जात काहे कि नीतीश के नाम पर चुनाव लड़े ला राजद तइयारे ना होखी.
- एह बीच राजद नेता रघुवंश प्रसाद सिंह आ जदयू नेता रमई राम के बयान आइल कि गठबन्हन के नेता नीतीश कुमार के ना मानल जा सके. मुख्यमंत्री के फैसला चुनाव का बाद होखे के चाहीं. जवना गोल के अधिका विधायक होखीहें ओही दल के नेता के मुख्यमंत्री बनावल जाए के चाहीं.
- हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा, हम, के संस्थापक आ कुछ दिन पहिले बिहार के मुख्यमंत्री जीतनराम मांझी के कहना बा कि चुनाव से पहिले भाजपा से कवनो गठबन्हन ना होखी आ उ पीएम नरेन्द्र मोदी आ भाजपा अध्यक्ष अमित शाह छोड़ केहु तेसर से एह बारे में कवनो बात ना करीहें.
- उच्चतम न्यायालय सीबीएसई से कहले बावे कि दस जून ले ऑल इंडिया प्री-मेडिकल टेस्ट के परिणाम मत जारी कइल जाव. एह परीक्षा में गलत तरीका अख्तियार करे वालन के पता लगावे ला हरियाणा पुलिस के एक हप्ता के समय दीहल गइल बा.
- बिहार के सगरी माध्यमिक विद्यालय काल्हु से खुल गइल. प्राथमिक आ मध्य विद्यालय आठ जून से खुलीहें सँ.
- यूपी में एक महीना ले चले वाला बाल स्वास्थ्य परीक्षण अभियान बुध से शुरु हो गइल. एह अभियान के उद्घाटन प्रदेश के चिकित्सा स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्री अहमद हसन लखनऊ में विटामिन-ए के खुराक पिआ के कइलन. एह मौका पर उनकर कहना रहल कि सरकार के कोशिश से अब टीका लगवावे वालन के गिनिती में सुधार आइल बा. बतवलन कि जापानी इंसेफलाइटिस का खिलाफ टीकाकरण अभियान लगातार जारी बा.
- देश में एह साल चीनी के खूब उत्पादन भइल बा. अबले दू सौ नवासी लाख सत्तावन हजार टन चीनी के उत्पादन हो चुकल बा जवन पिछला साल से उनचालीस लाख टन अधिका बा. बाकिर इहो साँच बा कि यूपी के किसानन के साढ़े छहहजार करोड़ रुपिया चीनी मिलन पर बकाया बा.
- दक्खिन पश्चिमी मानसून आज से काल्हु का बीच केरल तट पर चहुँप जाए के उमेद कइल जात बा. आज पश्चिमी बंगाल, सिक्किम, ओडिशा, झारखण्ड, बिहार आ यूपी में कुछ जगहा बुुनाबानी के उमेद जतावल जात बा. असम आ मेघालय में भारी बरखा हो सकेला.